[the_ad_group id="30365"]

बिहार: इंटर के विशेष सह कंपार्टमेंटल परीक्षा के कार्यक्रम जारी, 26 अप्रिल से होई परीक्षा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति इंटर के विशेष सह कंपार्टमेंटल परीक्षा खातिर कार्यक्रम जारी कs देलस। विशेष परीक्षा 26 अप्रिल से आयोजित कइल जाई।

परीक्षा दुनो पाली में आयोजित कइल जाई। पहिल पाली के परीक्षा 9.30 से 12.45 तक आयोजित होई। ओहिजा दूसरा पाली के परीक्षा 2 बजे से 5.15 बजे तक आयोजित कइल जाई।

प्रायोगिक परीक्षा 20 से 22 अप्रिल तक चली। बोर्ड विशेष परीक्षा के अवसर ओह विद्यार्थियन के दिहल गइल बा जवन कवनो कारण से इंटर के मुख्य परीक्षा में सामिल ना हो सकल रहे लो।

एह साल कइयन गो छात्रन के परीक्षा छूट गइल रहे। जवन छात्र फरवरी में आयोजित इंटर के मुख्य परीक्षा में कवनो दु विषय में फेल कs गइल बा लो, ऊ कंपार्टमेंटल परीक्षा में सामिल हो सकेला।

विशेष सह कंपार्टमेंटल परीक्षा के रिजल्टो मई के अंत तक जारी हो जाई। एसे इंटर के विशेष परीक्षा पास करे वाला विद्यार्थी एही सत्र से स्नातक में नामांकन ले सकत बा लो।

परीक्षा के कार्यक्रम तिथि : पहिला पाली : दूसररा पाली

26 अप्रैल : हिंदी, जीवविज्ञान, इतिहास, अंग्रेजी

27 अप्रैल : भौतिकी, उद्यमिता, मनोविज्ञान : कृषि, संगीत, हिन्दी

28 अप्रैल : अंग्रेजी, गणित व बिजनेस स्टडीज

2 मई : रसायनशास्त्र , अर्थशास्त्र, भूगोल, एकाउंटेसी

3 मई : समाजशास्त्र, राजनीतिविज्ञान

4 मई : गृह विज्ञान, दर्शनशास्त्र

6 मई : उर्दू, मैथिली, संस्कृत, मगधी (अनिवार्य विषय वाला परीक्षार्थियन खातिर) : कंप्यूटर साइंस, मल्टीमीडिया आ योग

8 मई : उर्दू, मैथिली, संस्कृत, प्राकृत (अतिरिक्त विषय वाला परीक्षार्थियन खातिर)

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]