[the_ad_group id="30365"]

बिहार सरकार कइलस बड़ एलान, स्कूलन के छुट्टी घटाके कs दिहलस एतना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बिहार : राज्य के स्कूल के लेके सरकार एगो बड़ घोषणा कईले बिया। अब बिहार के स्कूलन में छुट्टी कम हो गइल बा। शिक्षा विभाग मंगल के दिने स्कूलन में सितंबर से दिसंबर ले छुट्टी देबे के नया तारीख जारी कइलस। एकरा तहत 23 छुट्टी के जगह स्कूल में मात्र 11 छुट्टी दिहल जाई।

कवन-कवन छुट्टी बदलल गइल?

नया तालिका के मुताबिक 31 अगस्त के रक्षाबंधन के छुट्टी ना दिहल जाई। हालांकि अब तक रक्षाबंधन के दिन स्कूल में छुट्टी रहे। एही तरे अब दुर्गा पूजा के मौका पs 6 दिन के जगह सिर्फ 3 दिन के छुट्टी होई। राज्य सरकार दिवाली से दिहल जाए वाला छुट्टी के भी बदल के छठ पूजा क देले बिया। अबकी बेर 9 दिन के छुट्टी के जगह मात्र 4 दिन यानी 12 नवंबर, 15 नवंबर अवुरी 19 अवुरी 20 नवंबर के छुट्टी दिहल जाई।

शिक्षा विभाग एकर कारण बतवलस

शिक्षा विभाग के ओर से जारी संशोधित आदेश में कहल गईल बा कि प्राथमिक विद्यालय में कम से कम 200 कार्य दिवस अवुरी माध्यमिक विद्यालय में 220 कार्य दिवस होखल जरूरी बा। बाकिर चुनाव, परीक्षा, त्योहार आ प्राकृतिक आपदा के चलते स्कूलन में पढ़ाई प्रभावित हो जाला।

विभाग आगे कहलस कि त्योहार के मउका पs स्कूल बंद करे के प्रक्रिया में एकरूपता नईखे। कुछ परब के समय कुछ जिला में स्कूल खुलेला त कुछ जिला में बंद रहेला। स्कूलन के संचालन में एकरूपता खातिर ई बदलाव साल 2023 के बाकी दिनन में कइल गइल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]