[the_ad_group id="30365"]

बिहार:पटना में ज्वेलर्स से 1 करोड़ के सोना के लूट, 2 लाख रुपया कैश भी ले के भाग गइलें बदमाश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना के कन्हौली गांव में ज्वेलरी शॉप के मालिक से 2 किलो सोना के लूट भइल बा। एकर कीमत 1 करोड़ से ज्यादा बताई जा रहल बा। एकरे सथही बदमाश 2 लाख रुपए कैश भी ले के भाग निकललें। बियफे के बिहाने करीब 11 बजे अपराधी सब हथियार के बल पर ज्वेलरी शॉप के मालिक से लूटपाट घटना के अंजाम दिहलें।

कन्हौली गांव के गुप्ता ज्वेलर्स के मालिक जितेंद्र कुमार बियफे के बिहाने थइली में ज्वेलरी ले के आपन दुकान पs जात रहनें। एही क्रम में पहिले से घात लगवले मोटर साइकिल सवार हथियारबंद अपराधी सब पिस्तौल के बल पर थइली में रखल ज्वेलरी लूट कर फरार हो गइलें। घटना से गुस्साए लोग पटना बिहटा मार्ग के जाम क के जमकर प्रदर्शन कइलें। सूचना मिलतही पुलिस मौका पर पहुंच गइल। पुलिस जांच में जुट गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]