[the_ad_group id="30365"]

बिहार: समस्तीपुर में कोर्ट में पेशी के दौरान दु कैदियन के मारल गइल गोली, देखत रह गइल पुलिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बिहार के समस्तीपुर में एक बेर फेरु बेखौफ बदमाश कानून के अवहेलना करत कोर्ट परिसर में अंधाधुंध गोलीबारी कईले। एह दौरान चार गो बदमाश पेशी खातिर आइल दू गो कैदियन के गोली मार के घवाहि कs दिहले। दिनदहाड़े फायरिंग के घटना के बाद कोर्ट परिसर में अराजकता मच गईल। हड़बड़ी में घायल दुनो कैदी के सदर अस्पताल में भर्ती करावल गईल, जहां उनुकर इलाज चलता।

चार गो बदमाश कोर्ट परिसर में बरसइले गोली

घाही कैदी के पहचान चकमेहसी थाना क्षेत्र के अंतर्गत चकहैदर गांव के प्रभात कुमार चौधरी अवुरी मुफस्सिल थाना क्षेत्र के प्रभात तिवारी के रूप में भईल बा। बतावल जाता कि शराब के मामला में काल्ह प्रभात चौधरी अवुरी उनुकर साथी के कोर्ट में पेश कईल गईल। कोर्ट हाउस से कोर्ट रूम में ले जाके चार अपराधी अंधाधुंध गोली चलावत दुनों के घाही क देले। दिनदहाड़े कोर्ट परिसर में गोलीबारी के घटना से जहां लोग घबराहट में बाड़े उहें पुलिस व्यवस्था पs भी सवाल उठता।

भारी पुलिस बल के बीच आराम से गोली मार के चल गईले

घायल कैदी प्रभात चौधरी अस्पताल में इलाज के दौरान बतवले कि अचानक अपराधी हमनी पs गोली चलावे लगले, जवना में एगो गोली हमरा जांघ में लागल अवुरी एगो गोली हमरा दोस्त के भी लागल। प्रभात बतवले कि उनुका कोर्ट में हाजिरी रहे, जवना के दौरान हमला भईल। दूसर ओर प्रभात चौधरी के वकील चंदन कुमार सिंह कहले कि ए हमला में प्रशासन के कवनो शीघ्रता ना रहे, एकरा में पूरा तरीका से प्रशासन के गलती बा। एतना पुलिस बल के बीच अपराधी गोली मार के बहुत आराम से निकल गईल।

एसपी पुलिस के लापरवाही के स्वीकार क लिहले

दूसर ओर कोर्ट परिसर में भईल ए गोलीबारी पs एसपी विनय तिवारी कहले कि कुछ दिन पहिले एगो कुख्यात शराब माफिया प्रभात चौधरी, जेकरा के हमनी के 6 महीना के निगरानी अवुरी मेहनत के बाद एसटीएफ अवुरी तकनीकी टीम के मदद से पकड़ले रहनी, उनकर केस के सुनवाई चलत रहे आ पेशी रहे। एही क्रम में चार गो अनजान अपराधी आइल आ ऊ लोग प्रभात चौधरी के निशाना बना के गोली चला दिहल। एसपी बतवले कि प्रभात के गोड़ में गोली लागल बा, चोट गंभीर नईखे। हालांकि एसपी विनय तिवारी कबूल कईले कि ए घटना के दौरान सुरक्षा में बड़ चूक भईल बा। कोर्ट परिसर में मौजूद पुलिसकर्मी के ओर से लापरवाही भईल। अगर समय रहते गेट बंद हो जाता त अपराधी हमला के बाद ना भाग पवले रहते।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]