[the_ad_group id="30365"]

Bihar Crime: पटना में सड़क किनारे बइठल भाजपा नेता के गोली मार के हत्या

Patna news
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में अपराधी के मनोबल उच्च देखाई देता। सोमवार के राजधानी पटना में सड़क के किनारे खड़ा भाजपा नेता के दिनदहाड़े गोली मार के हत्या कऽ दिहल गइल। एकरा चलते इलाका में दहशत के माहौल बा। बता दीं कि भाजपा के नेता सड़क के किनारे ऑटोरिक्शा के आवे के इंतजार करत रहले। बाइक सवार अपराधी के मोबाइलो अपना संगे लेके भाग गइले।

बिहार के राजधानी पटना में सोमवार के सिटी चौक थाना क्षेत्र के रामदेव महतो कम्युनिटी बिल्डिंग मोड़ पs सड़क के किनारे बइठल भाजपा नेता के गोली मार के हत्या क दिहल गइल। दिनदहाड़े भइल एह घटना से इलाका में सनसनी मच गइल। मौका पs पहुंच के पुलिस जांच शुरू कऽ देलस।

जानकारी के मुताबिक 55 साल के भाजपा नेता श्यामसुन्दर शर्मा उर्फ मुन्ना शर्मा ऑटोरिक्शा खातिर घर से निकलल रहले। उऽ सड़क के किनारे बइठ के इंतजार करत रहले। ए दौरान बाइक सवार अपराधी गोली मार के हत्या कऽ देले।

हत्या के बाद अपराधी फरार हो गइले। भागे के दौरान बदमाश मुन्ना शर्मा के मोबाइल छीन लिहले। शर्मा के छोट बेटा राहुल शर्मा बतवले कि उनकर पिता चांदी के चेन पहिनले रहले। बाकिर, अपराधी चैन आ पइसा ना छीनले।

राहुल बतवले कि गोली से घायल पिता के इलाज खातिर नालंदा मेडिकल कॉलेज पहुंचावल गइल। उहाँ डाक्टर साहेब उनका के मृत घोषित कर दिहले। पुलिस मामला के छानबीन करतिया

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]