[the_ad_group id="30365"]

‘बेचारा DGP दु महीना में रिटायर होखे वाला बाडें..’, नीतीश कुमार फर्जी फोन कॉल ममिला में का कहले ?, जानीं 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के डीजीपी एस के सिंघल (Bihar DGP) के फ्रॉड अभिषेक अग्रवाल के द्वारा चीफ जस्टिस बनके कॉल कइला के ममिला अब सियासी रंग पकड़ लेले बा। भाजपा बिहार के डीजीपी एस के सिंघल के निशाना प लेलस। ओहिजा अब एह ममिला प बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के प्रतिक्रिया सामने आइल बा जेमे ऊ डीजीपी के बचाव कइले बाड़े। एह पूरा ममिला प सीएम जांच के बातो कहलें।

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहले…

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार सुक के मीडिया से बात करत कहले कि एह पूरा ममिला के जांच चल रहल बा। डीजीपी के लेके ऊ कहले कि बेचारा दु महीना में रिटायर करे वाला बाड़े। ऊ बढ़िया काम कर रहल बाड़ें। अब केहु दूसरा के नाम से फोन क देलस। एकर खुलासा जांच में भइले बा।

जालसाज के दावा

बता दीं कि बिहार के डीजीपी प भाजपा तब निशाना सधलस जब फर्जी जज बनके आइपीएस आदित्य कुमार के पैरवी करे वाला अभिषेक अग्रवाल कहले कि डीजीपी उनका झांसा में आ गइल रहस। कव बेर डीजीपी कॉल बैक तक कइलें। ओहिजा गया के पूर्व एसएसपी के केस के हटा दिहल गइल।

भाजपा के हमला प डीजीपी तुड़ले चुप्पी

बता दीं कि भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष संजय जायसवाल बिहार के डीजीपी प हमला बोलले। ऊ कहले कि जब डीजीपी एगो फ्रॉड के झांसा में आ सकत बाड़े त आम पुलिस फोर्स के का हालत होई। ऊ कानून-व्यवस्थो प सवाल उठवले। एकरा जवाब में डीजीपी सिंघल आपन चुप्पी तुड़ले आ कहलें कि ई ममिला बहुते पेंचिदा बा। ऊ राजनीतिक बयानन प कुछ ना कहिहें बाकिर समय के संगे बहुत कुछ सामने आइल बाकी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]