[the_ad_group id="30365"]

Bihar news: सीवान में दिनदहाड़े बैंक लूट, 10 मिनट में 22 लाख लूट फरार भइले बदमाश, गन प्वाइंट पs कर्मियन के बंधक बनवले सs

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के सीवान जिले से एगो बड़ आइल, जहां अपराधी दिनदहाड़े इंडियन बैंक से 20 लाख रुपिया लूट लेले सs। जानकारी के मोताबिक सोमार के पांच के संख्या में हथियारन से  लैस अपराधी राजेंद्र चौक स्थित इंडियन बैंक पहुंचले सs। बैंक के भीतरी घुसतही अपराधी बैंक कर्मियन के बंदूक के नोक पs बंधक बना लेले सs। एकरा बाद 20 लाख रुपिया लूटके मवका से फरार हो गइले सs।

मिलल जानकारी के मोताबिक हाफ पैंट पहिनले आ मुंह पs मास्क लगवले अपराधी दस मिनट में समूचा लूट के वारदात के अंजाम देले सs। रोज लेखा सोमार के बैंक में ग्राहक मवजूद रहे लो आ कर्मचारी अपना-अपना काम में बाझल रहे लो। तबे करीब पांच-छव के संख्या में अपराधी मवका पाके बैंक के भीतरी हथियार लेके घुस गइले सs। जबतक बैंककर्मी लो कुछ समझ पाइत बहुत देर हो चुकल रहे।

बाद में स्थानीय थाना के बैंक शाखा में लूट के घटना के सूचना दिहल गइल। सूचना पाके मवका पs पहुंचल पुलिस घटना के जांच-पड़ताल में जुट गइल। लूटपाट में शामिल अपराधियन के उमिर 18 से 25 वर्ष के बीच बतावल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]