[the_ad_group id="30365"]

BSEB 10th Exam: आज से Bihar Board के मैट्रिक परीक्षा, पहिला दिन प्रवेश खातिर 20 मिनट के छूट; जूता-मोजा पs प्रतिबंध

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति (BSEB) के तत्वावधान में मंगर से मैट्रिक के परीक्षा आयोजित कइल जाई। परीक्षा 22 फरवरी तक चली। मैट्रिक के परीक्षा खातिर 16,37,414 परीक्षार्थी आवेदन कइले बा लो। परीक्षा दुनो पालियन में आयोजित कइल जाई। पहिला पाली 9.30 बजे आ दूसरका पाली दु बजे सुरू होई। दुनो पालियन में प्रश्न पत्र पढ़े आ समझे खातिर परीक्षार्थियन के 15 मिनट के समय दिहल जाई। प्रश्न पत्र दस सेटन में होई।

परीक्षा के पहिला दिन प्रवेश के 20 मिनट के छूट

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति मंगर से आयोजित मैट्रिक परीक्षा के पहिलका दिन परीक्षार्थियन के केंद्र में प्रवेश के समय में बीस मिनट के छूट दिहल जाई। बोर्ड के अध्यक्ष आनंद किशोर के कहनाम बा कि मैट्रिक परीक्षा के पहिला दिन पहिला पाली के परीक्षार्थी परीक्षा केंद्रन में 9.20 तक प्रवेश कs सकत बानी। पहिला पाली के परीक्षा 9.30 बजे सुरू हो जाई। ओहिजा दूसरका पाली के परीक्षार्थी 1.50 बजे तक परीक्षा केंद्रन में प्रवेश कर सकत बा लो। हालांकि, ई छूट खाली पहिलके दिन खातिर लागू होई।

पटना जिला में 71 केंद्रन पs होई परीक्षा

पटना जिला में मैट्रिक परीक्षा खातिर चार माडल केंद्र बनावल गइल बा। पटना जिला में मैट्रिक परीक्षा खातिर 71 परीक्षा केंद्र बनावल गइल बा, जहां 70,930 विद्यार्थी परीक्षा दी लो। हर परीक्षा केंद्र खातिर 200 मीटर के दायरा में धारा 144 लागू कs दिहल गइल बा।

सब इलेक्ट्रानिक गैजेट्स पs रोक 

बिहार बोर्ड द्वारा सब परीक्षा केंद्रन पs इलेक्ट्रानिक गैजेट्स ले जाये पर प्रतिबंध लगा दिहल गइल बा। मोबाइल, ब्लू-टूथ, पेजर, ह्वाइटनर, इरेजर, कैलकुलेटर, ईयरफोन पs प्रतिबंध लगा दिहल गइल बा।

वीक्षक के भरे के होई घोषणा पत्र

बिहार बोर्ड के निरदेस पs मैट्रिक परीक्षा के जांच दु स्तर पs कइल जाई। पहिला बेर परीक्षा केंद्र के गेट पs जांच होई। दूसरका बेर परीक्षा कक्ष में परीक्षार्थियन के घोषणा करे के होई कि सब परीक्षार्थी लोग के जांच कs लिहल गइल बा।

खाली चप्पल में मिली एंट्री

परीक्षा सुरू होखला के आधा घंटा पहिले तक परीक्षार्थियन के एह बेर परीक्षा हाल में प्रवेश दिहल जाई। एह तरे पहिला पाली में नव बजे तक आ दूसरा पाली में 1.30 बजे तक प्रवेश मिली। परीक्षार्थियन के परीक्षा हाल में जूता मोजा पहन के आवे पs पूरा तरह से रोक लगा दिहल गइल बा। खाली चप्पल पहनके आवे वाला परीक्षार्थियन के परीक्षा हाल में एंट्री दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]