[the_ad_group id="30365"]

4 लाख खातिर विवाहिता के पीट के घर से निकललस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बेतिया: जिला के बैरिया के चुड़ीहरवा टोला में बियाहल गइल 27 साल के राधिका देवी के ससुराल वाला घर से निकाल दिहल लो। राधिका के चार लाख रुपिया दहेज खातिर मारपीट के घर से निकालल गइल बा। मामिला में राधिका देवी मुफस्सिल थाना में एगो प्राथमिकी दर्ज करवली। राधिका फिलहाल अपना बाबूजी के घर बरवत सेना में रह रहल बाड़ी।

थानाध्यक्ष राकेश कुमार भास्कर कहलें कि राधिका के शिकायत पs बैरिया के चुड़ीहरवा टोला निवासी ओकर पति कमलेश महतो, ससुर अमेरिका महतो, सास उमरावती देवी के नामजद कइल गइल बा। छानबीन कs के आरोपियन के गिरफ्तार कइल जाई।

थाना के दिहल गइल आवेदन में बतावल गइल बा कि राधिका के बियाह 2017 में कमलेश महतो के साथे भइल। बियाह में उपहार स्वरूप ढाई लाख नगदी बियाह में पांच लाख के खरचा भइल। ससुराल वाला टेम्पो किने खातिर 4 लाख के मांग कs रहल बा लो। ओकरा खातिर ऊ लोग मारपीट करे लागल आ खाना देवल बंद कs दिहल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]