[the_ad_group id="30365"]

प्रखंड मुख्यालय के जोडे वाल मुख्य सड़क पs जलजमाव से स्थानीय ग्रामीण आ राहगीर बा लो परेसान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सिकटा रेलवे स्टेशन से नेपाल सीमा समेत प्रखंड मुख्यालय के जोडे वाला मुख्य व्यस्त सड़क पs जलजमाव से स्थानीय ग्रामीण आ राहगीरन के हो रहल परेसानी से लोगन में आक्रोश व्याप्त बा। घोड़ासहन नहर इस्थित बस स्टैंड से दखिन नाली जाम भइला के कारण एह सड़क पs कीचड़ भरल जलजमाव इहां के नियति बन गइल बा। हलुका बरखा में बजबजात नाली के पानी एह सड़क पs जमल बा। नाली के बदबूदार पानी एह रास्ता आवे-जाये वाला के छिटन से भर देला।

जलजमाव से परेसान समीपवर्ती दुकानदार प्रभु प्रसाद कानन, अजय कुमार, गणेश पटवा, अनिल कुमार, केशव कुमार आर्य, राजा सर्राफ, उपेंद्र बर्नवाल आदि आक्रोश व्यक्त करत कहलें कि एह जलजमाव के कारण ग्राहकन के आवल कम हो गइल बा। ओहिजा राहगीरन के आवागमन में परेसानी झेलेके पड़त बा। जबकि जिला आ अनुमंडल मुख्यालय से प्रखंड कार्यालय तक एह बदबूदार जलजमाव वाला रास्तन के पार कर के जाये के पड़ी। स्थानीय जनप्रतिनिधि आ अधिकारी रोज रोज एह रस्ता से आवत जात बा लो।

बावजूद केहु अबतक एह समस्या से निजात देवे के पहल ना कइल। राजा सर्राफ बतवलें कि एह जलजमाव के समस्या से निजात देवे खातिर हस्ताक्षरित आवेदन अधिकारी गण के बीतल साल सौंपल गइल बा। जेह में बतावल गइल बा कि नहर चौक इस्थित बस स्टैंड से इन्द्र चौक तक साल भर सड़क पs जलजमाव होखे के नियति बन गइल बा। सड़क के दुनो ओर के नाली कचरन से भरल रहत बा।

जवना से नाली के पानी सड़क पs हिलोर मार रहल बा। संगही बरखा के पानियो जम जाला, जवना से एह में कीचड़ बा। ई सिकटा बाजार, रेलवेस्टेशन, प्रखंड कार्यालय जाये वाला मुख्य सड़क बा। साइकिल, बाइक से पार करे पs सवारि लोs पs छींटा पड़ल आम बात बा। पैदल चले वाला दुर्गंध से भरल छींटन से नइखे बच पावत।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]