[the_ad_group id="30365"]

बेतिया में 2 महीना में परिवहन विभाग के रिकॉर्ड वसूली: अधूरा कागजात अउर ओवरलोड चलावे वालन से जुर्माना, वाहन मालिकन में हड़कंप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बेतिया में बीतल दु महीना में परिवहन विभाग लक्ष्य के पीछे छोड़ रिकॉर्ड वसूली कइलस। अप्रिल अउर मई के महीना खातिर विभाग के ओर से जिला परिवहन पदाधिकारी, एमबीआई अउर मोबाइल प्रवर्तन आ निरीक्षकन के वसूली के टारगेट निर्धारित कइल गइल बा। हालांकि पदाधिकारी टारगेट से दुगुना राशि के वसूली कइले बा लो। वाहन मालिकन में हड़कंप मच गइल बा।

डीटीओ कार्यालय से मिलल जानकारी के अनुसार अप्रिल, मई महीना में जिला परिवहन पदाधिकारी के 12 लाख रुपिया  वसूली करे के टारगेट मिलल बा। डीटीओ 22 लाख 30 हजार रुपिया के वसूली कइले बाडें।

परिवहन विभाग के कार्रवाई से हड़कंप

जून महीना में पांच लाख रुपिया वसूली करे के टारगेट के बावजूद जिला परिवहन पदाधिकारी 16 लाख 60 हजार के वसूली कइलें। अप्रिल, मई महीना में एमबीआई 8, 85,700 रुपिया। जून महीना में चार लाख 52 हजार रुपिया के वसूली भइल बा।

प्रवर्तन अवर निरीक्षक के अप्रिल, मई महीना में वसूली के 30 लाख के टारगेट मिलल बा, जबकि 30 लाख 51 हजार 440 रुपिया अउर जून में 11 लाख 85 हजार रुपिया के वसूली भइल बा। बता दीं कि जिला परिवहन विभाग के एह कार्रवाई से आधा अधूरा कागजात आ ओवरलोड चले वाला वाहन मालिकन में हड़कंप हड़कंप मचल बा। हालांकि डीटीओ एमबीआई आ मोबाइल लगातार कार्रवाई कर रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]