[the_ad_group id="30365"]

Bihar Assembly Polls: आज तय होई एनडीए में शीट शेयरिंग के फार्मूला! बिहार बीजेपी कोर कमेटी संगे शाह करिहें मंथन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। बिहार में आवे वाला विधानसभा चुनाव के लेके राजनीतिक गहमागहमी जोरन पs बा। एह बीच केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह बिहार भाजपा के कोर कमेटी के बैठक के अध्यक्षता करिहें। कहल जा रहल बा कि एह बैठक में विधानसभा चुनाव के रणनीति के अंतिम रूप दिहल जाई। संगही एमे बिहार में एनडीए के घटक दलन के बीच सीट शेयरिंग पs मंथन होई। संभव बा कि एह बैठक के बाद भारतीय जनता पार्टी बिहार में सीट बंटवारा के फार्मूला के एलान कs दीं।

आज होखे वाला एह अहम बैठक के लेके सूत्रन के कहनाम बा कि एह बैठक में चुनावी रणनीति पs चरचा होई। संगही बिहार के शीर्ष नेता अमित शाह से मार्गदर्शन लीं ताकि विधानसभा चुनाव में एनडीए के जीत सुनिश्चित कइल जा सके।

संभावना बा कि बिहार विधानसभा चुनाव अक्टूबर-नवंबर में होई, हालांकि चुनाव आयोग अभी आधिकारिक कार्यक्रम घोषित नइखे कइलें। आवे वाला चुनावन में जहां भाजपा , जदयू आ लोजपा के गठबंधन वाला एनडीए एक बेर फेर आपन सत्ता बरकरार रखे के कोसिस में लागल बा। ओहिजा, राजद, कांग्रेस आ वामपंथी दलन के महागठबंन नीतीश कुमार के सत्ता से हटावे के कोसिस में बा।

वर्तमान के बात कइल जाव तs 243 सदस्यीय बिहार विधानसभा में एनडीए के लगे 131 विधायक बा। जेमे भाजपा के 80, जदयू के 45, हम(से) के 4 आ 2 निर्दलीय सामिल बा लो। ओहिजा, विपक्षी इंडिया गठबंधन के लगे 111 विधायक बा। जेमे आरजेडी के 77, कांग्रेस के 19, भाकपा(माले) के 11 आ वाम दलन के आउर 4 विधायक सामिल बा लोग।

Read Also: GST Council Meeting: आम आदमी के मिली बड़ राहत, एह वस्तुअन पऽ होई ‘0’ टैक्स: देखीं लिस्ट

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]