[the_ad_group id="30365"]

Bigg Boss OTT 3: सना मकबूल के जीत से खुश नइखन रणवीर शौरी, बोलले- कहीं ज्यादा डिजर्विंग लोग रहे, हम रही, अरमान रहे…

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टीवी अभिनेत्री सना मकबूल बिग बॉस ओटीटी 3 के खिताब जीत लिहले बाड़ी। एक ओर जहां सना के दोस्त आउर परिवार एह जीत से खुश बाड़े, उहें कुछ प्रतियोगी खुश बाड़े। एह शो में दुसरका उपविजेता रहल बॉलीवुड अभिनेता रणवीर शौरी एकदम खुश नइखन। फाइनल के बाद उऽ सना के जीत पs कुछ अइसन कहले, जवना के बाद बिग बॉस ओटीटी 3 के विजेता के प्रशंसक बिल्कुल खुश नइखन।

सना मकबूल बिग बॉस ओटीटी 3 के विजेता बन गइल बाड़ी। अनिल कपूर एह बात के एलान पिछला बियफे के दिने कइलन। एह शो में नाएजी पहिला उपविजेता बन गइलन आ रणवीर शौरे दुसरका उपविजेता बन गइलन। एह एलान के बाद अभिनेत्री तनी भावुक हो गइली। उनुका परिवार आ प्रशंसक के खुशी आअसमान पs बा। बाकिर रणबीर शौरी सना के जीत से बिल्कुल खुश नइखन।

रणवीर शौरी सना के जीत से खुश नइखन

असल में बिग बॉस ओटीटी 3 से बाहर अइला का बाद बहुते प्रतियोगी मीडिया से आमने सामने आ गइले. ओने टॉप थ्री में आपन जगह बनावे वाला बॉलीवुड अभिनेता रणवीर शोरे मीडिया से बात कइलन. नाराजगी उनका चेहरा पर साफ लउकत रहे। उ कहले कि, ‘ई पुरस्कार सोशल मीडिया के प्रशंसक के आधार प दिहल गईल बा, एहसे हमार मानना बा कि एकरा के पहिले देवे के चाहत रहे।’ अभिनेता आगे कहले कि, ‘सना के ट्रॉफी जीते के बारे में हम जवन कहे चाहब उ इ कि हम बिग बॉस के फैसला अवुरी भईल वोटिंग के पूरा मन से स्वीकार करतानी। हालांकि हमरा हिसाब से उनुका से जादे जीते के हकदार लोग रहले।

रणवीर शोरी बतवले कि जीत के असली दावेदार के बा

जब नाम के बारे में पूछल गईल त रणवीर शोरे कहले – ‘हम रहनी, अरमान रहले… अवुरी लोग भी रहले।’ अरमान मलिक आ लुवकेश कटरिया के खुद फाइनल वीक में घर से निकाल दिहल गइल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]