[the_ad_group id="30365"]

छत्तीसगढ़ में बड़ स्ट्राइक, पुलिस मुठभेड़ में 8 नक्सलियन के मार गिरवलस, सेना के एगो जवान शहीद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

छत्तीसगढ़ के नारायणपुर इलाका में पुलिस आ नक्सलियन के बीच भइल मुठभेड़ में आठ गो नक्सलियन के मउत के खबर बा. जानकारी के मुताबिक मुठभेड़ जारी बा। नारायणपुर जिला के माद इलाका में पिछला दू दिन से सुरक्षा बल आ नक्सलियन के बीच मुठभेड़ चलत बा. एह मुठभेड़ में नारायणपुर-कोंडागांव-कांकेर-दंतेवाड़ा डीआरजी, एसटीएफ आ आईटीबीपी 53वीं बटालियन के बल शामिल बा आ नक्सलियन के खिलाफ तेजी से कार्रवाई कइल जा रहल बा.

अबूझमाड़ के पुलिस अधिकारी बतवले बाड़े कि सुरक्षा बल से भईल मुठभेड़ में अबे ले कुल 8 नक्सली के मउत हो चुकल बा अवुरी ड्यूटी के लाइन में सेना के एगो जवान भी शहीद हो चुकल बा। दू गो जवान घवाहिल हो गइल बाड़े. जानकारी के मुताबिक छत्तीसगढ़ के नक्सल प्रभावित बस्तर इलाका में भी अलग-अलग विस्फोट के घटना के सूचना मिलल बा, जवना में सुरक्षा बल के तीन जवान घाही हो गईल बाड़े। बस्तर में भइल बारूदी सुरंग विस्फोट में आईटीबीपी के दू जवान घवाहिल हो गइलें जबकि बीजापुर में प्रेशर बम ब्लास्ट में सुरक्षा बल के जवान घवाहिल हो गइलें.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]