[the_ad_group id="30365"]

हाथरस में बड़ सड़क हादसा… 5 के मउत, 20 घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हाथरस में शुक्रवार के देर रात एगो भयानक सड़क दुर्घटना हो गईल। जवना में पांच लोग के मउत हो गईल, जबकि करीब 20 लोग घाही हो गईले। पुलिस के ओर से सभके अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। जलेसर साइड से आवत एगो ट्रैक्टर ट्रॉली सदाबाद जलेसर रोड पs सामने से डंपर से टकरा गइल। जवना के बाद जनता के बीच ह्यूचीख मच गईल। आवाज सुन के पास के गाँव के लोग आ गईले।

पुलिस के एह बारे में जानकारी दिहल गइल। जानकारी मिलला के बाद पुलिस भी मउका पs पहुंच गईल। ट्रैक्टर ट्रॉली में सवार लोग जलेसर से गोवर्धन परिक्रमा खातिर जात रहले। एहमें जलेसर के गढ़िया सकरौली, फिरोजाबाद के नारखी क्षेत्र के लोग शामिल रहे। पुलिस सभे घाही के सदाबाद सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र भेज देलस, जहां से उनुका के आगरा अवुरी हाथरस भेज दिहल गईल। इलाज के दौरान मउत हो गईल।

दुर्घटना में मरेवाला लोग में कासगंज के अमापुर के गांव मगकास विक्रम पुत्र नौबत सिंह, जलेसर के गढ़िया सकरौली के माधुरी (22) पुत्री देवेंद्र सिंह, वजीरपुर के हेमलता (12) पुत्र रामवीर निवासी कोटला थाना नारखी जिला फिरोजाबाद, गढ़िया सकरौली के लखमी (18) पुत्र कुशलपाल आ अभिषेक पुत्र धीरज निवासी गढ़िया सकरौली शामिल बाड़े।

दूसर ओर आगरा भेजल गईल घाही में बाबूराम (50) निवासी वजीरपुर थाना नारखी फिरोजाबाद के अलावा गढ़िया सकरौली के कृष्ण कुमार (35), अभिषेक (20), पुष्पा (40), अंकित (16) व बृजेश (16) आदि शामिल बाड़े। एह भयावह दुर्घटना के बाद मउका से लेके सदाबाद के सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र अवुरी ओकरा बाद जिला अस्पताल ले अफरा-तफरी के माहौल बनल। घायल लोग के बीच चीख-पुकार मचल बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]