[the_ad_group id="30365"]

शुगर अउरी बीपी के मरीज खातीर बड़ राहत, सरकार ए 74 दवाई के दाम तय क देलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शुगर अउरी बीपी के मरीज खातीर बड़ राहत, सरकार ए 74 दवाई के दाम तय क देलस

दवाई के दाम नियामक एनपीपीए सोमार का दिने कहलस कि ऊ डायबिटीज आ उच्च रक्तचाप के इलाज खातिर दवाई समेत 74 गो दवाई के खुदरा दाम तय कइले बिया|

अगर रउवा भी शुगर आ ब्लड प्रेशर के ओह लाखों मरीजन में से बानी, जेकरा महंगा दवाई खाए के पड़ेला, त सरकार के तरफ से रउवा खातिर एगो बढ़िया खबर आ गईल बा। सरकार के दवा नियामक एजेंसी एनपीपीए एह जटिल बेमारी के इलाज में इस्तेमाल होखे वाला 74 गो दवाई के दाम तय कइले बिया जेहसे कि एह जटिल बेमारी से पीड़ित लोग के राहत मिल सके| एकरा अलावे मिर्गी के इलाज में इस्तेमाल होखेवाला 80 दवाई के दाम भी तय कईल गईल बा।

दवाई के दाम नियामक एनपीपीए सोमार का दिने कहलस कि ऊ डायबिटीज आ उच्च रक्तचाप के इलाज खातिर दवाई समेत 74 गो दवाई के खुदरा दाम तय कइले बिया| राष्ट्रीय औषधीय मूल्य निर्धारण प्राधिकरण (एनपीपीए) 21 फरवरी के भइल प्राधिकरण के 109वीं बइठक में लिहल फैसला के आधार पर औषधि (मूल्य नियंत्रण) आदेश 2013 के तहत दवाई के दाम तय कइले बा।

 ई दवाई सस्ता हो गइल

अधिसूचना के मुताबिक एनपीपीए डेपाग्लिफ्लोजिन सिटाग्लिप्टिनअउरी मेटफार्मिन हाइड्रोक्लोराइड (एक्सटेंडेड-रिलीज टैबलेट) के एक गोली के कीमत 27.75 रुपया तय कईले बिया। एही तरे दवाई के दाम नियामक ब्लड प्रेशर कम करे वाली दवाई टेल्मिसार्टन अउरी बाइसोप्रोलोल फ्यूमरेट के एक गोली के दाम 10.92 रुपया तय कईले बिया। एनपीपीए 80 गो अनुसूचित दवाई (एनएलईएम 2022) के सीमा मूल्य में भी संशोधन कइले बा, जवना में मिर्गी आ न्यूट्रोपेनिया के इलाज में इस्तेमाल होखे वाला दवाई शामिल बाड़ी सन । एनपीपीए औषधि (मूल्य नियंत्रण) आदेश के प्रावधान के लागू करे के संगे संशोधन भी करेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]