[the_ad_group id="30365"]

बड़ ख़बर:- सारण पुलिस अधीक्षक (एसपी) गौरव मंगला के तबादला… जानी के होइहें छपरा के नया एसपी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सुत्रन से मिलल खबर के अनुसार सारण पुलिस अधीक्षक (एसपी) गौरव मंगला के तबादला हो गइल ,डॉक्टर आशीष कुमार होंइहें सारण के नया एसपी।

सारण में भइल चुनाव के बाद गोलीबारी में पहिलका बड़ करवाई ।

रउवा के  बतावत चली कि विगत एक साल पहले छपरा के मुबारकपुर में जातीय उन्माद के कारण से ओह समय के तत्कालीन एसपी संतोष कुमार के तबादला कs के गौरव मंगला के सारण पुलिस अधीक्षक के पदभार देवल गइल रहे ।

20 मई लोकसभा के पांचवे चरण के मतदान के दिने छपरा के तेलपा में भइल भाजपा बनाम राजद के  लड़ाई खूनी खेल में बदल चुकल बा। जिला में  5 दिन इंटरनेट सेवा बंद रहल। काल सांझ के महाराजगंज लोकसभा चुनाव के मतदान के बाद सारण के इंटरनेट सेवा पुनः चालू कs देवल गइल बा

एह मामिला में राजद से छपरा के लोकसभा उम्मीदवार भा लालू प्रसाद यादव के बेटी रोहिणी आचार्य पs भी fir दर्ज हो गइल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]