Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बड़ ख़बर:- सारण पुलिस अधीक्षक (एसपी) गौरव मंगला के तबादला… जानी के होइहें छपरा के नया एसपी

222

सुत्रन से मिलल खबर के अनुसार सारण पुलिस अधीक्षक (एसपी) गौरव मंगला के तबादला हो गइल ,डॉक्टर आशीष कुमार होंइहें सारण के नया एसपी।

सारण में भइल चुनाव के बाद गोलीबारी में पहिलका बड़ करवाई ।

रउवा के  बतावत चली कि विगत एक साल पहले छपरा के मुबारकपुर में जातीय उन्माद के कारण से ओह समय के तत्कालीन एसपी संतोष कुमार के तबादला कs के गौरव मंगला के सारण पुलिस अधीक्षक के पदभार देवल गइल रहे ।

20 मई लोकसभा के पांचवे चरण के मतदान के दिने छपरा के तेलपा में भइल भाजपा बनाम राजद के  लड़ाई खूनी खेल में बदल चुकल बा। जिला में  5 दिन इंटरनेट सेवा बंद रहल। काल सांझ के महाराजगंज लोकसभा चुनाव के मतदान के बाद सारण के इंटरनेट सेवा पुनः चालू कs देवल गइल बा

एह मामिला में राजद से छपरा के लोकसभा उम्मीदवार भा लालू प्रसाद यादव के बेटी रोहिणी आचार्य पs भी fir दर्ज हो गइल बा।

 

 

842530cookie-checkबड़ ख़बर:- सारण पुलिस अधीक्षक (एसपी) गौरव मंगला के तबादला… जानी के होइहें छपरा के नया एसपी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.