[the_ad_group id="30365"]

बड़हन खबर- रामलला जल्दिए मंदिर के गर्भगृह में जइहें, अरुण योगीराज तरसीहे भगवान श्रीराम के मूरती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राम भक्तन खातिर बड़हन खबर सामने आ रहल बा, जनवरी 2024 में भगवान रामलला राम मंदिर में आपन मूल गर्भगृह में बईठ जइहें। मैसूर के मूर्तिकार अरुण योगीराज कर्नाटक से ले आवल पत्थर पे मूरती तइयार करीहे।

अयोध्या : राम भक्तन खातीर बड़ खबर आ रहल बा, जलदिए रामलला अयोध्या राम मंदिर के गर्भगृह में बईठहिए। जानकारी के मुताबिक जनवरी 2024 में भगवान राम अपना मूल गर्भगृह में बईठ जईहे, काहेंकी रामलला के मूर्ति बनावे के इंतजार अब खतम हो गईल बा। मैसूर के मूर्तिकार अरुण योगीराज राम मंदिर में कर्नाटक से ले आवल श्यामशिला पे भगवान राम के मूरती तइयार करीहे। भगवान श्री राम के मूरती तइयार करे के जिम्मेवारी उनुका मिल गईल बा। अइसना में जल्दिये लोग के रामलला के दिव्य दर्शन करे के सौभाग्य मिल जाई।

 

राम मंदिर ट्रस्ट के बैठक में लिहल गईल महत्वपूर्ण फैसला

राम मंदिर निर्माण के संबंध में मंदिर ट्रस्ट के दु दिन के अनौपचारिक बैठक भईल, जवना में राम मंदिर में भगवान रामलला के अभिषेक के संबंध में चर्चा भईल। एकरा से पहिले समिति राम जन्मभूमि परिसर आ रामसेवकपुरम के निरीक्षण कईलस। ट्रस्ट से जानकारी दिहल गइल बा कि प्राण प्रतिष्ठा खातिर विद्वानन से राय लिहल गइल बा। रामलाला के मूर्ति बनावे के फैसला भी लिहल गईल, जवना खातीर मूर्तिकार अयोध्या पहुंचल बाड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]