[the_ad_group id="30365"]

New Rules: छोट लइकन के साथे हवाई सफर करे वालन खातीर आईल बड़ खबर, नया नियम लागू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

लइकन के साथे हवाई यात्रा करे वाला लोग खातिर एगो बड़ खबर बा। सिविल एविएशन रेगुलेटर DGCA एह मामिला के बारे में सगरी एयरलाइंस के नया आदेश दिहले बा. एह आदेश में साफ-साफ कहल गइल बा कि ओह लोग के ई सुनिश्चित करे के चाहीं कि लइका के माई-बाप के साथे फ्लाइट में सीट दिहल जाव. एकरा खातिर डीजीसीए हवाई परिवहन परिपत्र में बदलाव कइले बा। नया नियम लागू भइला के बाद अब जरूरी हो गइल बा कि 12 साल से कम उमिर के लइकन के साथे कम से कम एगो माता-पिता के एह उड़ान में शामिल होखे के चाहीं। एकरा संगे कहल गईल बा कि एयरलाइंस के भी अयीसन घटना के रिकॉर्ड राखे के होई।

हाल के अतीत में अइसन कई गो खबर आइल बा कि कुछ एयरलाइंस में छोट लइकन के माई-बाबूजी भा गार्जियन से अलगा सीट दिहल जात रहे. अब सिविल एविएशन रेगुलेटर डीजीसीए सगरी एयरलाइंस के आदेश दिहले बा कि अब लइकन के माई-बाप से अलगा सीट ना दिहल जाई।

का बा आदेश?

डीजीसीए अपना आदेश में कहलस कि, एयरलाइंस के इs सुनिश्चित करे के होई कि 12 साल ले के बच्चा के संगे कम से कम एगो माता-पिता/अभिभावक के सीट आवंटित कईल जाए, जवन कि एकही पीएनआर पs यात्रा करतारे।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]