[the_ad_group id="30365"]

बदल गईल टाइमिंग, 20 फरवरी के सुबेरे 11 बजे होई दिल्ली के नया सीएम के शपथ ग्रहण

सीएम के शपथ ग्रहण
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के नयका सीएम के शपथ ग्रहण 20 फरवरी के सबेरे 11 बजे रामलीला मैदान में होई। एह शपथ ग्रहण समारोह के भव्य बनावे के तइयारी हो रहल बा. 27 साल बाद सत्ता में लवटल भाजपा शपथ ग्रहण के माध्यम से दिल्ली के जनता के संदेश देवे के कोशिश करतिया कि अब उs लोग के संगे बा अवुरी हमेशा रही। एह समारोह खातिर पूर्व मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल आ आतिशी के भी आमंत्रण पत्र भेजल जाई। एकरा अलावे एनडीए शासित राज्य के मुख्यमंत्री के भी नेवता दिहल जाई।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ जानीं पटना के हनुमान जी के युग्म मूर्ति वाला मंदिर ‘महावीर मंदिर’, इs काहें बा खास

दिल्ली के जनता एह समारोह के साक्षी होखीहें

जवना राज्यन के बजट सत्र चलत बा आ बजट शपथ ग्रहण के दिने पेश करे के बा ओह राज्यन के मुख्यमंत्री दिल्ली के नयका सीएम के शपथ ग्रहण समारोह में ना आ पइहें बाकिर एनडीए के बाकी सगरी मुख्यमंत्री के शामिल होखे के उमेद बा. एह समारोह में 30 हजार से अधिका लोग भाग लीहें आ खास कs के दिल्ली के लोग एह समारोह के साक्षी होखीहें साथही झुग्गी-झोपड़ी में रहे वाला लोग के भी एह कार्यक्रम में शामिल होखे के महत्व दिहल गइल बा. एकरा अलावा कई गो वीवीआईपी लोग के एह कार्यक्रम में शामिल होखे खातिर बोलावल जा रहल बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]