Meghalaya: मेघालय डीजीपी के बड़ खुलासा- सीएम कोनराड संगमा के शारीरिक क्षति पहुंचावे के रहे योजना

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 25, 2023

मेघालय के मुख्यमंत्री कोनराड संगमा के ऑफिस में सोमार के भइल हमला पs मेघालय के डीजीपी एलआर बिश्नोई मंगर के बड़ खुलासा कइलें बाड़ें। बिश्नोई मंगर के कहलें, सोमार के तुरा में मुख्यमंत्री के ऑफिस

Share

मेघालय के मुख्यमंत्री कोनराड संगमा के ऑफिस में सोमार के भइल हमला पs मेघालय के डीजीपी एलआर बिश्नोई मंगर के बड़ खुलासा कइलें बाड़ें। बिश्नोई मंगर के कहलें, सोमार के तुरा में मुख्यमंत्री के ऑफिस में जवन हमला कइल गइल, ऊ सुनियोजित रहे। मुख्यमंत्री कोनराड संगमा पs ‘हमला करे, शारीरिक क्षति पहुंचावे’ के योजना रहे।

लोगन के शराब पियावे आ पईसा बांटे के पुख्ता जानकारी

मेघालय के डीजीपी एल आर बिश्नोई दावा कइलें कि भीड़ के योजना मुख्यमंत्री के जान से मारे के रहे। एकरा खातिर पहिले से योजना बनावल गइल रहे। ऊ बतवलें कि अतवार के लोगन के शराब बांटल गइल, कुछ जगहन पs पईसा बांटे के पुख्ता जानकारी पुलिस के मिलल बा। ऊ कहलें, एह ममिला में सख्त से सख्त कार्रवाई कइल जाई। मंगर के तुरा में पूरा दिन शांति बनल रहल, कहीं से कवनो तरे के अशांति के खबर नइखे।

मेघालय के पश्चिमी तुरा शहर में मुख्यमंत्री कार्यालय पs हमला के आरोप में पुलिस 18 लोगन के गिरफ्तार कइले बिया। गिरफ्तार कइल गइल लोगन में दुगो महिला भाजपा पदाधिकारी सामिल बा लो। सीएम कार्यालय पs हमला में पांच पुलिसकर्मी घायल हो गइल रहे लो। सीएम कार्यालय पs हमला खातिर उकसावे के आरोप दुगो टीएमसी नेतन पs लागल बा, जवना के पुलिस द्वारा तलाश कइल जा रहल बा।

कइसे भइल सीएम कार्यालय पs हमला

अचिक कॉन्सियस हॉलिस्टिकली इंटीग्रेटेड क्रिमा आ गारो हिल्स स्टेट मूवमेंट कमेटी के नेता तुरा के राज्य के शीतकालीन राजधानी बनावे के मांग कs रहल बा लो। अइसन में सोमार के सांझ के मुख्यमंत्री कोनराड के संगमा प्रदर्शनकारियन से मुलाकात करे पहुंचल रहस। जब सीएम कार्यालय में मुख्यमंत्री प्रदर्शनकारियन से बातचीत करत रहस, एही दौरान लोगन के भीड़ कार्यालय पs हमला कs देले रहे। एह हमला में मुख्यमंत्री के कवनो नुकसान ना भइल बाकिर पांच पुलिसकर्मी घायल हो गइल लो।

टीएमसी के दुगो नेता पs लागल आरोप

भीड़ के तितर-बितर करे खातिर पुलिस आंसू गैस के गोला छोड़लस आ बड़ी मुश्किल से हालात पs काबू पावल। बियफे के पुलिस बतवलस कि सीएम ऑफिस पs हमला के आरोप में 18 लोग गिरफ्तार कइल गइल बा, जेमे भाजपा महिला मोर्चा के दु नेता, बेलिना एम मराक आ दिलचे च मराक सामिल बा लो। भीड़ के उकसावे के आरोप टीएमसी के दुगो नता लोगन पs लागल बा, जेकर पुलिस द्वारा तलाश कइल जा रहल बा।

स्कूल-कॉलेज बंद

भीड़ के हमला में घायल भइल पुलिसकर्मियन के इलाज खातिर मुख्यमंत्री 50-50 हजार रुपिया के सहायता राशि देवे के एलान कइले बाड़ें। हालात के देखत जिला के डिप्टी कमिश्नर जगदीश चेलानी तुरा शहर में रात के समय कर्फ्यू लगा देलें आ कानून बेवस्था के समीक्षा कइल जा रहल बा। एहतियातन तुरा शहर में शिक्षण संस्थान मंगर के बंद रखल गइल। हालांकि बाजार खुलल बा।

साभार: अमर उजाला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.