[the_ad_group id="30365"]

सरकार के दुगो तोहफा: केंद्रीय कर्मियन के डीए से लेके आम आदमी के रसोई तक, राहत भरल दु फैसलन के बारे में जानीं 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लोकसभा चुनाव के घोषणा से पहिले केंद्र सरकार पिछला दु दिन में दुगो बड़े फैसला लेलस। सरकार एह दु अहम फैसलन से केंद्रीय कर्मचारियन आ महिला लोगन के राहत मिलल बा। जहां बियफे के केंद्रीय कैबिनेट केंद्रीय कर्मियन के डीए चार प्रतिशत बढ़ावे के फैसला पs आपन मुहर लगा देलस। ओहिजा सुक के अंतरराष्ट्रीय महिला दिवस के मवका पs पीएम खुद माई-बहिन आ बेटियन के बड़ तोहफा देत घरेलू गैस सिलेंडर पs 100 रुपिया के छूट देवे के एलान कइलें।

केंद्रीय कर्मचारियन खातिर चार फीसदी डीए बढ़ल

केंद्र सरकार के कर्मचारियन के डियरनेस एलोवेंस (DA) आ पेंशनधारकन के डियरनेस रिलीफ(DR) में 1 जनवरी 2024 से चार फीसदी के बढ़न्ती करे के निर्णय लिहल गइल बा। केंद्रीय मंत्री पीयूष गोयल कहलें कि 49.18 लाख कर्मचारियन आ 67.95 लाख पेंशनभोगियन के फायदा होई। चार फीसदी डीए बढ़ला से सरकारी खजाना पs  हर साल 12,868.72 करोड़ रुपिया के भार पड़ी।

घरेलू गैस सिलेंडर पs 100 रुपिया के छूट

अंतरराष्ट्रीय महिला दिवस के मवका पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी देस के माई-बहिन आ बेटियन के बड़ तोहफा देले बाड़ें। ऊ एलान कइलें कि महिला लोगन के घरेलू गैस सिलेंडर पs 100 रुपिया के छूट दिहाल जाई। पीएम मोदी ट्वीट कइलें, ‘महिला दिवस के अवसर पs आज हमनी के एलपीजी सिलेंडर के कीमतन में 100 रुपिया के छूट के बड़ फैसला कइले बा। एसे नारी शक्ति के जिनगी आसान होखला के संगही करोड़न परिवारन के आर्थिक बोझ कम होई।

ई डेग कदम पर्यावरण संरक्षण में मददगार बनी, जवना से पूरा परिवार के स्वास्थ बेहतर रही।’ ऊ कहलें कि रसोई गैस के आउर अधिक किफायती बनाके हमनी के लक्ष्य परिवारन के भलाई के दिशा में काम करत रहे के बा। एसे हमनी के एगो स्वस्थ पर्यावरण सुनिश्चित कइल चाहत बानी सs। ई महिला लोगन के सशक्त बनावे आ ओह लोगन के जीवनयापन के आसान करे के हमनी के प्रतिबद्धता दर्शावत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]