[the_ad_group id="30365"]

Big Breaking: बिजनौर में पूर्व बीजेपी नेता के गाड़ी से कुचल के हत्या, खेत से उठाके ले गइलस हत्यारा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

बिजनौर से एगो बड़ खबर सामने आ रहल बा, जहां भाजपा के एगो पूर्व नेता के गाड़ी से कुचल के हत्या कs दिहल गईल बा। बतावल जाता कि हत्यारा एs लोग के खेत से दूर कs के गाड़ी से कुचल के बेरहमी से हत्या कs देले। घटना के अंजाम देला के बाद हत्यारा मौका से भाग गईल बाड़े। गांव के लोग लाश के रख के हंगामा मचवले। घटना के जानकारी मिलते पुलिस मौका पs पहुंच गईल अवुरी जांच में जुटल बिया। घटना बिजनौर जिला के धामपुर थाना के गांव मटोरा मान के ह।

हत्या देर साँझ के भइल

घटना देर सांझ के भईल जब खेत में काम करे गईल भाजपा नेता के चार अज्ञात बदमाश गाड़ी से कुचल के हत्या कs देले। एह निर्मम हत्या के चलते परिवार के लोग जहां दुखद हालत में बाड़े, उहें एगो गाड़ी से कुचल के सार्वजनिक तौर पs भईल एs हत्या के चलते पुलिस प्रशासन के भी कटघरा में ले आवल गईल बा। पूर्व भाजपा नेता के एs हत्या के बाद एs घटना के लेके पहुंचल सैकड़ों गांव के लोग में बहुत नाराजगी बा। मौका पs पहुंचल पुलिस के लापरवाही के लेके गांव के लोग से बकझक भईल। एs घटना में पुलिस शिकायत के आधार पs मामला दर्ज कs के अनजान बदमाश के तलाश शुरू कs देले बिया।

हत्यारा खेत से लेके गईल

आजु साँझ भाजपा मंडल अध्यक्ष रहल आ भाजपा नेता पुखराज सिंह बिजनौर जिला के धामपुर थाना क्षेत्र के गाँव मटोरा मान में अपना खेत में काम करे गइल रहले, एही बीच चार गो अनजान बदमाश उनुका के मैदान से उठा के बोनट पs रख दिहले के गाड़ी चला के तेज रफ्तार से चल गईले जवना के चलते भाजपा नेता पुखराज गाड़ी के नीचे गिर गईले अवुरी ओकरा बाद बदमाश उनुका के कुचल के हत्या कs देले। एह घटना के प्रत्यक्षदर्शी ग्रामीण राजेंदर सिंह के कहनाम बा कि मरेवाला पुखराज के बेटी के बियाह मुरादाबाद में भईल रहे। कवनो मामला के लेके दुनो लोग के बीच विवाद होखत रहे।

चश्मदीद बतवलस कि एs विवाद के चलते उनुका बेटी के देवर अपना साथी के संगे गाड़ी से कुचल के हत्या कs देले। आउर लोग भी ई घटना देखले बा। ए तरह के हत्या के चलते गांव के लोग में पुलिस अवुरी सुरक्षा के लेके नाराजगी पैदा होखता।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]