[the_ad_group id="30365"]

BIG BREAKING: बिहार में अचानक राजद बोलवलख महागठबंधन के सब दलन के बइठकी,बिहार में कुछ बड़ा होखे के संभावना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के सियासत में गर्माहट के संभावना होत दिख रहल बा।

राजद अचानक महागठबंधन के बइठक बुलवले बिया। महागठबंधन के तमाम नेता लोग के ई बैठक में बोलावल गइल बा। ई बैठक राजद के प्रदेश कार्यालय में होई।

महागठबंधन के तमाम सहयोगी दल के शामिल होखे के उम्मीद ।

ई बइठक जनता दल (आरजेडी), भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस (आईएनसी) और वामपंथी दल शामिल ,जवना में भारतीय कम्युनिस्ट पार्टी (सीपीआई), भारतीय कम्युनिस्ट पार्टी (मार्क्सवादी-लेनिनवादी) लिबरेशन -सीपीआईएमएल (लिबरेशन) आ भारतीय कम्युनिस्ट पार्टी (मार्क्सवादी) (सीपीआईएम) के होखे वाला बा।

तमाम पार्टी के नेता शामिल होखे जा रहल बाड़े, हालांकि सीपीआईएमएल के राष्ट्रीय अध्यक्ष दीपंकर भट्टाचार्य एह बैठकी में शामिल ना हो पइहे, काहे की ऊ दरभंगा मुकेश साहनी से मिले गइल बानी।

बहरहाल देखे के ई बा कि ई बैठकी बिहार के सियासत में कवन मोड़ दीही।

सूत्र से आ रहल खबर के अनुसार ई मीटिंग मुख्यमंत्री नीतीश के विरोध ला कइल जा सकत बा,लॉ एंड ऑर्डर के तमाम विरोधी दल के नेता निशाना साधत रहन आज अचानक ई बैठक बिहार के सियासत में गर्मी बढ़ा देले बा।

कइसे बिहार में NDA सरकार के घेरल जाओ, कइसे बिहार लॉ एंड ऑर्डर के सुधार के मांग कइल जाओ विपक्षी के सवाल ई बैठक के मुद्दा के खास बनावत बा।सूत्र के मुताबिक बिहार विधानसभा चुनाव के लेल भी ई बैठक हो सकत बा।

रउवा के बता दी ई बैठक बिहार के राजधानी पटना में राजद के प्रदेश कार्यालय में होखे जा रहल बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]