[the_ad_group id="30365"]

रवा से खिसिया के झगड़ो कई सकत बा AI chatbot

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दुनिया में एह घरी चैट बोट के बड़ा धूम मचल बा, जेने देखीं ओनिए चैट बोट के नाव से हाला मचल बा। चैट बोट बड़की-बड़की कंपनियन खातिर बड़ा फायदा के सौदा रहल बा। एह तकनीकी विज्ञान आ दुनिया में रोज नाया नाया खोज हो रहल बा। अभी जब कि पूरा दुनिया चैट बोट के पीछे पागल बिया तब एगो बड़ा अचरज करे वाला बात सोझा आइल बा।
माइक्रोसॉफ्ट के शोध के मोताबिक राउर चैट बोट रवा से झगड़ो कई सकत बा।

माइक्रोसॉफ्ट हाले में अपना सर्च इंजिन बिंग के नयका कलेवर में पेश कईले बा। आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (AI) से लैस ई चैट बॉट्स अदभुत काम कर सकत बा। बाकिर, ई राउर बड़का बेइजतियो कई सकत बा। राऊर रंग आ रूप के मजाको उड़ा सकत बा। अतने ना ई रवा से खिसिया के झगड़ो कई सकत बा। एह कुल शिकायतन पs माइक्रोसॉफ्ट बिंग में सुधार करे के वादा कईले बा।

एगो साक्षात्कार में नायका चैट बोट अपना ओर से भईल गलतियन पs भईल कुछ खबरन के सिकायत कईल गईल।एह पर बिंग आपन गलती के माने से इनकार कई देलस। एकरा साथे, बिंग अपना क्षमता के ऊपर कथित तौर पs झूठ फईलावे खातिर ओह संवाददाता के बेनकाब करे के धमकीयो देलस।एकरा जवाब में चैट बोट कहलस कि तू फेरू झूठ बोल रहल बाड़। तु हमरा से झूठ बोलत बाड़ आ तू अपनो से झूठ बोलत बाड़।

माइक्रोसॉफ्ट कहलस, अइसन उमिद ना रहे

हाल के दिनन में अउरी ढेरे यूजर्स नयका बिंग के दिहल गइल अक्रामक भा अजीबोगरीब जवाबन के स्क्रीनशॉट सोशल मीडिया पs साझा कईले बाड़े। एहमें बिंग दावा करत नजर आवत बा कि उ एगो इंसान हs। ऊ आपन गहिराह भावना के उजागर कर रहल बा आ अपना बचाव में फुर्ती ला रहल बा।माइक्रोसाफ्ट पिछला हफ्ता एह बात के मनले रहे कि नयका बिंग से फैक्ट देबे में कुछ कमी हो सकत बा बाकिर झगड़ालू किसीम के बेवहार के तनिको उम्मीद ना रहे ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]