[the_ad_group id="30365"]

पीएफआई के खिलाफ बड़हन एक्शन यूपी, बिहार,एमपी समेत कई राज्यन में एनआईए के छापा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

प्रतिबंधित संगठन पॉपुलर फ्रंट ऑफ इंडिया (PFI) के खिलाफ बड़ कार्रवाई कईले बिया। जानकारी के मुताबिक एनआईए उत्तर प्रदेश, मध्य प्रदेश आ बिहार समेत बहुत राज्य में 20 से जादे जगह पे छापामारी कईले बिया। पीएफआई एक बेर फेरु से राष्ट्र विरोधी गतिविधि चलावे खातिर आपन जमीन मजबूत करे के कोशिश करत बिया एकर जानकारी मिलला के बाद एनआईए के ई कार्रवाई कइल गइल बा।

बिहार : मोतिहारी आ दरभंगा में छापेमारी

एनआई टीम बिहार के मोतिहारी आ दरभंगा में छापामारी करतिया। मोतिहारी के चकिया अनुमंडल के कुआवा गांव में सज्जाद अंसारी के घर पे सबेरे से एनआईए के टीम छापामारी शुरू क दिहलस। बतावल जाता कि एनआईए स्थानीय पुलिस के सहयोग से छापामारी शुरू कईले बिया। बतावल जाता कि इरशाद पहिले ए इलाका से गिरफ्तार भईल आदमी के पता लगावे खातीर इ अभियान शुरू भईल बा।

दूसर ओर दरभंगा नगर थाना क्षेत्र के उर्दू बाजार में स्थित डेंटिस्ट डॉक्टर सारिक रजा आ सिंहवाड़ा थाना क्षेत्र के शंकरपुर गांव के मो. महबूब के घर पे छापामारी खातीर कार्रवाई करतिया। एनआईए के ई कार्रवाई सबेरे करीब चार बजे से चल रहल बा। सूत्र से मिलल जानकारी के मुताबिक पीएफआई संगठन से जुड़ल ए मामला में छापामारी चलता, ओसही यूपी, एमपी समेत ae राज्य में एनआईए के छापामारी चलता।

साभार- इंडिया टीवी

 

 

 

 

TAGS:,

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]