[the_ad_group id="30365"]

ट्यूनीशिया के तट पs बड़s हादसा, प्रवासी जहाज डूबा, 4 लोगन के मउत, 51 लापता, इलाका में काहे बढ़ रहल बा समुद्री दुर्घटना?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

Tunisia Boat Accident : उत्तर अफ्रीका के एह देश में ट्यूनीशिया से जहाज डूबे के खबर आइल बा। जानकारी के मुताबिक ट्यूनीशिया के केर्केना द्वीप के किनारे एगो प्रवासी जहाज डूब गईल। एह हादसा में 4 गो प्रवासी के जान चल गइल। एकरा संगे 51 यात्री लापता हो गईल बाड़े। एह दुर्घटना के बारे में जानकारी देत ​​एगो अधिकारी कहले कि जहाज पs सवार सभ प्रवासी उप-सहारा अफ्रीका के हवे। अइसन घटना पहिला बेर नइखे भइल। एकरा से पहिले ए साल मार्च महीना में दु दर्जन से जादे लोग के जान गईल रहे।

उत्तर अफ्रीका के देशन में एह साल बहुते प्रवासन हो रहल बा। जान जोखिम में डाल के बोट के मदद से यात्रा कर रहल बा। इहे कारण बा कि बार-बार बोट डूबे के घटना सामने आ रहल बा। एह तरह के घटना के संबंध में ट्यूनीशिया के गृहमंत्री जुलाई में कहले रहले कि ट्यूनीशिया के तटरक्षक बल एह साल एक जनवरी से 20 जुलाई ले ओकरा तट से डूबल प्रवासी लोग के 901 शव बरामद कईले बा, जवना से देश के किनारे पs शिकार लोग के संख्या चौंकावे वाला बा।एह से पता चलता, ट्यूनीशिया आ यूरोपीय संघ (ईयू) पिछला महीना यानी 16 जुलाई के एगो रणनीतिक साझेदारी समझौता पs हस्ताक्षर कइले बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]