[the_ad_group id="30365"]

यूपी: कासगंज में तालाब में जा गिरल ट्रैक्टर ट्रॉली, सात गो लइकन समेत 15 लोगन के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उत्तर प्रदेश के कासगंज में एगो बड़ सड़क दुर्घटना भईल, जवना में सात बच्चा समेत 15 लोग के मउत के खबर बा। जानकारी के मुताबिक यूपी के कासगंज में गंगा स्नान खातीर जात एगो ट्रैक्टर-ट्राली पलटला से इs दुर्घटना भईल। दुर्घटना के बाद चिल्लाहट मच गईल। गाँव के लोग आ पुलिसकर्मी राहत आ बचाव के काम में लागल बाड़े।

जानकारी के मुताबिक शनिचर के सबेरे करीब 10 बजे कासगंज के पटियाली दरियावगंज रोड पs एगो बेकाबू ट्रैक्टर ट्रॉली पोखरा में गिर गईल। ट्रॉली में सफर करत सात बच्चा अवुरी आठ महिला भक्त के डूबला के चलते मउत हो गईल। मउका पs अराजकता अवुरी चिल्लाहट होखता। सीएमओ राजीव अग्रवाल बतवले कि एs दुर्घटना में अबे ले 15 लोग के मउत हो चुकल बा। एहमें सात गो निर्दोष बच्चा शामिल बाड़ी जबकि आठ गो मेहरारू बाड़ी।

सीएम योगी कासगंज में भईल सड़क दुर्घटना के संज्ञान लेके एs दुर्घटना पs गहरा दुख जतवले बाड़े। सीएम योगी मरेवाला के शोक संतप्त परिवार के प्रति संवेदना जतवले बाड़े अवुरी मरेवाला के परिवार के दु-दु लाख अवुरी गंभीर रूप से घाही के पचास हजार रुपिया देवे के निर्देश देले बाड़े। सीएम सभे घायल के उचित मुफ्त इलाज करावे के निर्देश भी देले बाड़े।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]