[the_ad_group id="30365"]

MP के खरगोन में बड़ हादसा : पुल से नीचे गिरल तेज़ रफ्तार बस, कम से कम 15 के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खरगोन : मध्य प्रदेश के खरगोन में एगो बड़ बस दुर्घटना हो गइल बा। जवना में कम से कम 15 लोग के मउत के खबर बा। जानकारी के मुताबिक इंदौर जाए वाली हाई स्पीड बस बेकाबू होके पुल से गिर गईल। इ घटना मंगलवार के सबेरे गांव दसंगा के नजदीक भईल। गांव के लोग के मदद से अबहियो बचाव के काम चलत बा आ लोग के बस से निकालल जा रहल बा। इ बस खरगोन जिला के सेगांव से इंदौर जात रहे।

 

मिलल जानकारी के मुताबिक बस में करीब 40 लोग सफर करत रहले। जवना में से बहुत लोग गंभीर रूप से घायल बाड़े अवुरी अस्पताल में उनुकर इलाज चलता। मुख्यमंत्री शिवराज सिंह एह हादसा पे दुख जतवले बाड़न आ मुआवजा देबे के एलान कइले बाड़न।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]