[the_ad_group id="30365"]

आगरा में बड़ हादसा: खेरागढ़ में मकान के छत गिरल, मलबा में दबला से दु लईकन के मौत, महिला घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के आगरा जिला में मंगर के देर रात बड़ हादसा भइल बा। खेरागढ़ कस्बा के नगला उदैया मार्ग इस्थित सुभाष अग्रवाल के मकान के पट्टी (पत्थर) से बनल छत देर रात करीब 2:30 बजे अचानके गिर गइल। छत गिरतही चीख-पुकार मच गइल।

हादसा में महिला सुरभि अग्रवाल पत्नी विष्णु अग्रवाल, उनकर पुत्र आरुष (5), पुनीत (17) पुत्र ब्रजेश समेत तीन लोग मलबा में दबके घायल हो गइल लो। घटना के बाद आसपास के लोग जमा हो गइल।

आनन-फानन में सब घायलन के मलबा से बाहर निकालल गइल। घायलन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल। इहां आरुष आ पुनीत के इलाज के दौरान मौत हो गइल। बतावल जा रहल बा कि तीन लोग बाल-बाल बच गइल। लईकन के मौत से परिवार में कोहराम मच गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]