[the_ad_group id="30365"]

US: बाइडन नाटो देसन से आपन औद्योगिक आधार मजबूत करें के कहलें, रूस तेजी से रक्षा उत्पादन बढ़ रहल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडन नाटो देसन से आपन औद्योगिक आधार मजबूत करे के अपील कइले बाड़ें। ऊ कहलें बाड़ें कि रूस अब रक्षा उत्पादन के लेके बहुते तेजी से आगे बढ़ रहल बा।

नाटो शिखर सम्मेलन में संबोधित करत बाइडन कहलें कि उत्तरी अटलांटिक संधि संगठन (नाटो) अपना रक्षा प्रणाली के आधुनिक बनावे के योजना सुरू कइले रहे। एहिसे आज हमनी के खुद से सवाल करे के होई कि अब हमनी के आगे का कर सकत बानी। हमनी के खुद के आउर कइसे मजबूत कs सकत बानी सs। एकर जवाब निकलके आवत बा कि हमनी के आपन औद्योगिक आधार मजबूत करे के होई।

‘चीन, उत्तर कोरिया, ईरान रूस के मदद कs रहल बा’

अमेरिकी राष्ट्रपति कहलें, ‘रूस एह वक्त रक्षा उत्पादन के क्षेत्र में युद्ध स्तर पs काम कs रहल बा। रूस हथियारन, युद्ध सामग्री आ वाहनन में तेजी से काम कs रहल बा। उसको चीन, उत्तर कोरिया और ईरान की मदद मिल रही है। अब हमको भी इस नाटो गठबंधन को पिछड़ने नहीं देना है।’

बाइडन बोललें, हमरा खुसी बा कि डीडी औद्योगिक आधार मजबूत करे के संकल्प ले रहल बानी

बाइडन आगे कहलें कि हमरा खुसी बा कि हमनी सब नाटो सदस्य इहां अपना औद्योगिक आधार आ अपना क्षमता के विस्तार करे के संकल्प ले रहल बा। ई हमनी के सुरक्षा के मजबूत करे खातिर एगो जरूरी डेग बा। अइसन पहिला बेर भइल बा कि सब नाटो देस स्वदेशी रक्षा उत्पादन के योजना बनावे के वचन दे रहल बा।

अमेरिका में 38 देसन के नेता लोग जुटल 

पहिला नाटो शिखर सम्मेलन के 75वीं वर्षगांठ के अवसर पs ऐतिहासिक शिखर सम्मेलन खातिर 38 अलग-अलग देसन के नेता वाशिंगटन में एकत्र भइल बा लो। एमे यूक्रेन, जापान, न्यूजीलैंड आ कोरिया गणराज्य सहित सब नाटो सहजोगियन के संगे-संगे नाटो साझेदारन के नेता सामिल बा।

नाटो सदस्यन में सबसे कम जोगदान वाला देस कनाडा
अमेरिकी मीडिया संगठन ‘पॉलिटिको’ कहलस कि कनाडा नाटो सैन्य गठबंधन में सबसे कम जोगदान देवे वाला देसन में से एहो बन गइल बा। ऊ घरेलू सैन्य खर्च लक्ष्य पूरा करे में नाकाम रहल, नया उपकरण किने खातिर वित्त पोषण में नाकाम रहल आ ओकरा लगे एह संबंध में कवनो योजना नइखे। ‘पॉलिटिको’ कहलें, नाटो के 12 संस्थापक सदस्यन में से एगो कनाडा रक्षा पs 2% के जीडीपी खर्च करे के संकल्प पs 2014 में हस्ताक्षर कइले रहे। बाकिर नाटो सदस्यन के एह लक्ष्य के हासिल करे में धीमा प्रगति रह रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]