Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी: भूसा में मिलल साढ़े चार साल के मासूम के लाश

गला अउर चेहरा पर चोट के निशान

151

उत्तर प्रदेश के अमेठी जिला  में चार साल के मासूम के लाश मिलले से सनसनी फैल गइल। मासूम के लाश भूसा में मिलल बा। लाश पर चोट के निशान मिलल बा। घटना से हड़कंप मचल बा। सूचना के बाद पहुंचल पुलिस लाश के कब्जा में ले के जांच शुरू कs देहले बा। एसपी भी मौका पर पहुंच गइल बाने।
जानकारी के अनुसार, शिवरतनगंज थाना इलाका के पूरे शिवरतन सिंह मजरे पेंडारा गांव में रविवार रात साढ़े चार वर्षीय मासूम के लाश संदिग्ध हालत में भूसा में पड़ल मिलल बा। लाश के चेहरे अउर गले पर चोट के निशानो मिलल बा। सूचना पर पहुंचल शिवरतनगंज पुलिस लाश के कब्जे में ले के मामला के जांच शुरू कर देहले बा।

गांव निवासी अनिल कुमार यादव के साढ़े चार वर्षीय पुत्र प्रिंस रविवार साँझ लगभग साढ़े पांच बजे घर से बचवन के संगे खेले घर से निकलल रहल। काफी समय ले वापस नाइ अइले पर परिजन ओके जोहल शुरू क देहने। गांव के लोगो ढूंढने में जुट गइल। देर रात मासूम प्रिंस के लाश घर से तनिके दूर पर रखल भूसा के ढेर में मिलल।

मासूम के चेहरे अउर गले पर चोट के निशान रहल। लाश मिलले की सूचना से हड़कंप मच गइल। परिजन के कहनाम बा कि जहां लाश मिलल ऊ लोग ओ जगह पर पहिले बचवा के जोहि भइल रहने। सूचना मिलतही पुलिस मौका पर पहुंचल।

एसपी भी मौके पर पहुंच बाने। मामले के छानबीन चल रहल बा। परिजन के आरोप बा कि केहू बचवा के हत्या क के मौका देखकर लाश के भूसा के ढेर में फेंक देहलस। एसपी कहने कि मौत के सही कारण के पता पोस्टमार्टम रिपोर्ट से चली।

तहरीर मिलतही केस दर्ज कइल जाई। जे भी दोषी होई ओके जल्दी सलाखन के पीछे पहुंचावल जाई। घटना  से गांव में आक्रोश बा। एके देख के गांव के छावनी में तब्दील कs देहल गइल बा।

240430cookie-checkयूपी: भूसा में मिलल साढ़े चार साल के मासूम के लाश

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.