Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोपालगंज में भोजपुरी गायिका के मंच पs अपमान: रोवत-रोवत बोलली- कलाकार के ना होखे के चाहीं बेइज्जती, थावे वाली मां करिहें न्याय

4,310

गोपालगंज में भोजपुरी सिंगर प्रियंका सिंह के मंच पs अपमान करे के एगो वीडियो सामने आइल बा। वीडियो सनीचर के हs। जिला में दु दिन के थावे महोत्सव के आयोजन कइल जा रहल बा। महोत्सव के पहिला दिन मंच पs प्रियंका के पहिले गावे से रोकल गइल। एकरा बाद उनका हाथ से माइक छीन लिहल गइल। एह अपमान के वजह से प्रियंका मंच पs रोवे लगली।

एकरा बाद ऊ मंच संचालक के हाथ से माइक छीनके रोवत बोलली- कलाकार के बेईज्जती ना होखे के चाहीं। माई के दरबार में एगो बेटी रो रहल बाड़ी। एकर इंसाफ करे खातिर थावे वाली मईया पs छोड़त बानी। एह दौरान ऊ कार्यक्रम के आयोजकन पs अपमानित करे के आरोप लगवली।

रिक्वेस्ट के बावजूद गावे से रोकल गइल 

दरअसल, गोपालगंज में 15 अप्रिल के दु दिवसीय थावे महोत्सव सुरू भइल। महोत्सव के पहिला दिन कइयन कलाकार आपन प्रस्तुति दिहल लो बाकिर पहिलही दिन मंच पs एगो गायिका के रोवे के पड़ल। आउर कलाकारन के तरे प्रियंका सिंह के पर्यटन विभाग के ओर से आमंत्रित कइल गइल रहे।

प्रियंका गीत गावल सुरू कइली, बाकिर मंच संचालिका गाना खतम होखे से पहिलही रोक देली। ऊ रिक्वेस्ट करत रहली कि दु मिनट रुक जाई, बाकिर माइक छीन लिहल गइल। एह दौरान गायिका प्रियंका सिंह रोवे लगली।

इंटर्नली बहुते टॉर्चर कइल गइल

गायिका प्रियंका सिंह कहली कि 15 अप्रिल के पर्यटन विभाग के ओर से बोलावा गइल रहे, बाकिर एयरपोर्ट पs रिसीव करे कवनो गाड़ी ना भेजल गइल। ठहरे खातिर सर्किट हाउस में कमरा बुक होखे के बात कहल गइल, बाकिर उहवों कमरा ना मिलल। हम अपना घरे ठहरनी। कार्यक्रम के दौरान हमरा एक गिलास पानी पिये खातिर तक ना पूछल गइल। हमरा के इंटर्नली बहुते टॉर्चर कइल गइल। ऊ कहली कि 8 से 9 बजे तक हमरा परफॉर्मेंस के समय रहे, बाकिर 11:00 बजे बुलावल गइल।

प्रियंका पर्यटन विभाग कइली शिकायत

गायिका पर्यटन विभाग से एकर शिकायत कइली। ऊ कहली कि जवना तरे हमरा संगे अन्याय भइल बा। ओकर न्याय करी। एकरा के लेके एसपी स्वर्ण प्रभात आ जिला प्रशासन के ओर से एगो प्रेस रिलीज जारी कइल गइल बा। प्रशासन के कहनाम बा कि थावे महोत्सव के कार्यक्रम सुचारू रूप से अपना नियत समय से चलत रहे। अंत में निर्धारित समय के बादो कार्यक्रम चलत रहे।

देर रात होखला के वजह से कार्यक्रम के रोकल गइल 

देर रात होखला के वजह से कार्यक्रम के समापन के लेके कइयन बेर अनुरोध कइल गइल। एकरा बावजूद प्रियंका सिंह के ओर से प्रस्तुति जारी रखल गइल। देर रात हो गइला के चलते आ विधि बेवस्था के देखत हजिला प्रशासन के ओर से कार्यक्रम तत्काल बंद करवावे के निरदेस दिहल गइल रहे, एकरा बावजूद कार्यक्रम चलत रहे।

संगही DM के ओर से गायिका प्रियंका के समझावे के कोसिस कइल गइल, बाकिर ऊ अच्छा बेवहार ना कइली। प्रशासन के कहनाम बा कि पूरा प्रसंग के ना देखावत जानबूझके अधूरा वीडियो फुटेज जारी कइल जा रहल बा। एह ममिला के बिना मतलब के तूल दिहल जा रहल बा, जवन उचित नइखे। विधि बेवस्था के देखते प्रशासन के निर्णय हमेशा अंतिम होला।

साभार: दैनिक भास्कर

519150cookie-checkगोपालगंज में भोजपुरी गायिका के मंच पs अपमान: रोवत-रोवत बोलली- कलाकार के ना होखे के चाहीं बेइज्जती, थावे वाली मां करिहें न्याय

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.