Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Big Breaking: नेहा सिंह राठौर के कार के ट्रक मरलस टक्कर, कैमूर के घटना, सिंगर बोलली- हर्जाना मांगला पs मालिक कइलस अभद्रता

Bihar News: नेहा सिंह राठौड़ ट्वीट करत एह बात के जानकारी देले बाड़ी। एकरा संगही ऊ बिहार पुलिस आ सुधाकर सिंह के एह ट्वीट में टैग कइले बाड़ी। 

579

पटना: भोजपुरी सिंगर नेहा सिंह राठौड़ (Neha Singh Rathore) के संगे कैमूर में एगो हादसा भइल बा। बियफे के भभुआ कैमूर के रामगढ़ में उनकर कार के ट्रक पीछे से टक्कर मार देलस। नेहा सोशल मीडिया पs ट्वीट करत एह बात के जानकारी देले बाड़ी। हालांकि एह घटना में उनका कवनो चोट नइखे आइल, बाकिर उनकर कार डैमेज हो गइल बा। भोजपुरी सिंगर के इहो कहनाम बा कि हादसा के बाद ट्रक के मालिक से उनकर बहसो भइल बा। गाड़ी के भइल क्षति के हर्जाना मंगला पs उनका साथे अभद्र भाषा के इस्तेमाल कइल बा। नेहा लिखले बाड़ी कि हमार गाड़ी में ट्रक संख्या बीआर 24 जी 1365 टक्कर मरले बाड़ी। हम सुरक्षित बानी। गाड़ी डैमेज भइल बा। छतिपूर्ति मंगला पs ट्रक मालिक हमरा संगे अभद्र भाषा के प्रयोग कइलस।

नेहा कहली कि उनकर कार कैमूर के रामगढ़ में खड़ा रहे। ड्राइवर अंदर रहे, बाकिर ऊ गाड़ी के बाहर रहली। एही दौरान अचानक से ट्रक आइल आ ऊ गाड़ी में टक्कर मार देले। घटना के बाद हम ओकरा से हर्जाना मंगनी तs ओकरा से बहस करे लागल आ काफी कुछ बोलले। नेहा कहलें कि ऊ बियाह में आइल रहे। एकरा खातिर ऊ शॉपिंग करे निकलल रहली। ऊ एने से क्रॉस करत रहली। एही दौरान पीछे से ट्रक टक्कर मरले बा।

नेहा करवली शिकायत दर्ज

नेहा कहली कि ऊ एह ममिला में शिकायत दर्ज करे जा रहल बाड़ी। कहली कि ऊ एगो साधारण लईकी हई। ट्रक अगर टक्कर मरले बा तs ओकरा एकर हर्जाना देवे के चाहीं। हम आम आदमी हई, कवनो नेता भा सेलिब्रिटी ना हई कि कार में टक्कर मार देवे तs हम खुद ओकरा के सही करावे खातिर पइसा लगा लीं। हम कवनो नेता भा अमीर इंसान तs हई ना जवन हमरा लगे एतना सारा पईसा से मिली। हमार बस इहे मांग बा कि उनका गलती से हमार कार डैमेज भइल बा तs ऊ हर्जाना भरस।

456050cookie-checkBig Breaking: नेहा सिंह राठौर के कार के ट्रक मरलस टक्कर, कैमूर के घटना, सिंगर बोलली- हर्जाना मांगला पs मालिक कइलस अभद्रता

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.