भोजपुरी साहित्य सरिता के मार्च अंक रही होली पs केन्द्रित…

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 17, 2022

भोजपुरी साहित्य सरिता मार्च-2022 अंक होली पर केन्द्रित करे जा रहल बा। 'भोजपुरी साहित्य सरिता' ओहि खातिर आप सबसे से आपके रचना आमंत्रित करत बा। रउआ आपन कविता, कहानी, लघुकथा, संस्मरण, जीवनी आदि साहित्य के कवनो विधा के रचना भेज सकेनी।

Share

भोजपुरी साहित्य सरिता मार्च-2022 अंक होली पर केन्द्रित करे जा रहल बा। ‘भोजपुरी साहित्य सरिता’ ओहि खातिर आप सबसे से आपके रचना आमंत्रित करत बा। रउआ आपन कविता, कहानी, लघुकथा, संस्मरण, जीवनी आदि साहित्य के कवनो विधा के रचना भेज सकेनी।
रचना भेजत बेरा ध्यान रहे कि –
1 राउर रचना यूनिकोड भा कृतिदेव फांट में टाइप होखे।
2 रचना के वर्ड फाइल स्वीकार करल जाई, पीडीएफ़,हार्ड कापी भा फोटो फार्मेट स्वीकार ना होखी।
3 रचना ईमेल bhojpurissarita@gmail.com पर भेजल जाव, दोसरा कवनों माध्यम से भेजल रचना के स्वीकार कइल संभव नइखे।
4 रचना के संगे आपन एगो फोटो आ पता भेजल जरूरी बा।
5 गद्य विधा के रचना 800-1200 शब्द तक के स्वीकार्य बा।
6 रचना जाति सूचक,धर्म सूचक भा कवनों समाज के मानहानि ना करसु।
7 रचना में विधा के उल्लेख जरूर कइल जाव।
8 पत्रिका के प्रिंट वर्सन सदस्य लोगन खाति बा। लेखकीय प्रति दीहल संभव नइखे।
9 संपादक लोगन के भीरी सम्पादन के अधिकार होला आउर उनुके निर्णय अंतिम होला।
10 रउरा सभे आपन रचना 25 फरवरी 2022 ले मंगल फॉन्ट मे टाइप क के मेल करीं –
ईमेल – bhojpurissarita@gmail.com

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.