Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भोजपुरी साहित्य सरिता के मार्च अंक रही होली पs केन्द्रित…

भोजपुरी साहित्य सरिता मार्च अंक खातिर रचनाकार लो के रचना आमंत्रित करत बा...

297
भोजपुरी साहित्य सरिता मार्च-2022 अंक होली पर केन्द्रित करे जा रहल बा। ‘भोजपुरी साहित्य सरिता’ ओहि खातिर आप सबसे से आपके रचना आमंत्रित करत बा। रउआ आपन कविता, कहानी, लघुकथा, संस्मरण, जीवनी आदि साहित्य के कवनो विधा के रचना भेज सकेनी।
रचना भेजत बेरा ध्यान रहे कि –
1 राउर रचना यूनिकोड भा कृतिदेव फांट में टाइप होखे।
2 रचना के वर्ड फाइल स्वीकार करल जाई, पीडीएफ़,हार्ड कापी भा फोटो फार्मेट स्वीकार ना होखी।
3 रचना ईमेल [email protected] पर भेजल जाव, दोसरा कवनों माध्यम से भेजल रचना के स्वीकार कइल संभव नइखे।
4 रचना के संगे आपन एगो फोटो आ पता भेजल जरूरी बा।
5 गद्य विधा के रचना 800-1200 शब्द तक के स्वीकार्य बा।
6 रचना जाति सूचक,धर्म सूचक भा कवनों समाज के मानहानि ना करसु।
7 रचना में विधा के उल्लेख जरूर कइल जाव।
8 पत्रिका के प्रिंट वर्सन सदस्य लोगन खाति बा। लेखकीय प्रति दीहल संभव नइखे।
9 संपादक लोगन के भीरी सम्पादन के अधिकार होला आउर उनुके निर्णय अंतिम होला।
10 रउरा सभे आपन रचना 25 फरवरी 2022 ले मंगल फॉन्ट मे टाइप क के मेल करीं –
ईमेल – [email protected]
217990cookie-checkभोजपुरी साहित्य सरिता के मार्च अंक रही होली पs केन्द्रित…

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.