[the_ad_group id="30365"]

ना रहनीं भोजपुरी के कवि आ साहित्यकार व्यास मिश्र, एकमा में श्रद्धांजलि सभा के बिहान होई आयोजन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एकमा(सारण)। मांझी प्रखण्ड के शीतलपुर गांव के रहनिहार आ एकमा मुख्य डाकघर से सेवानिवृत्त सह भोजपुरी के लेखक आ कवि पं० व्यास मिश्र जी के हिरदे के गति रुकला से अतवार के पटना इस्तिथ आवास पs निधन हो गइल। उहां के लगभग 80 साल के रहनीं। अपना पीछे उहां के एगो बेटा आ बेटी, पतोह सहित भरल पुरल परिवार छोड़ के गइल बानी। उहां के एक मात्र पुत्र सैन्य अधिकारी आ एगो अविवाहित बेटी पत्रकारिता के क्षेत्र से जुड़ल बाड़ी।

सोमार के उहां के पार्थिव देह पैतृक गांव शीतलपुर ले आवल गइल। एकरा बाद अंतिम संस्कार सरयू नदी के तट पs कइल गइल। जहां पार्थिव देह पंचतत्व में विलीन हो गइल। उहां निधन से एकमा, मांझी आ लहलादपुर क्षेत्र में शोक के लहर छा गइल। एकर जानकारी देत कवि आ साहित्यिकार प्रो० अवध बिहारी मिश्र कहले कि आवे आला 14 सितंबर के एकमा प्रखण्ड मुख्यालय इस्तिथ कवि आ शिक्षक अरविंद श्रीवास्तव के आवासीय परिसर में एगो श्रद्धांजलि सभा दुपहरिया (अपराह्न) 2 बजे आयोजित कइल जाई। जेमे कवि, साहित्यकार आ बुद्धिजीवियन के भीड़ उमड़ी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]