[the_ad_group id="30365"]

बिहान काशी यात्रा पर आई भारत गौरव टूरिस्ट ट्रेन, पीएम मोदी बेंगलुरु से कइलें रवाना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

काशी यात्रा खातिर भारत गौरव टूरिस्ट ट्रेन बेंगलुरु से आ रहल बा। ई ट्रेन 13 नवंबर के बनारस पहुंची अउर 15 नवंबर के अयोध्या खातिर रवाना होई। कर्नाटक से काशी यात्रा पर आवे वाले तीर्थ यात्रियन के सुविधा जनक यात्रा मिली। आईआरसीटीसी के अधिकारियन के मुताबिक, ट्रेन में छह सौ यात्री बानें। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बेंगलुरु के केएसआर रेलवे स्टेशन से एह ट्रेन के हरिहर झंडी दिखा के रवाना कइलें।

भारत गौरव टूरिस्ट ट्रेन सुक्क के सुबह 11.07 बजे रवाना भइल बा, जौन 13 नवंबर के दिन में 3.35 बजे वाराणसी कैंट रेलवे स्टेशन पहुंची। दस मिनट बाद इहां से बनारस स्टेशन खातिर रवाना होई। जहां से सब यात्रियन के बुक करावल गइल होटल में ठहरावल जाई, जौन अगले दिन काशी दर्शन खातिर निकली।

तीर्थयात्री तुलसी मानस मंदिर, संकट मोचन मंदिर, विश्वनाथ मंदिर के दर्शन करिहें। एकरे बाद गंगा आरती देखिहें अउर रात्रि विश्राम के बाद 15 नवंबर के सुबह 5.30 बजे अयोध्या जइहें। राम जन्मभूमि, हनुमान गढ़ी के दर्शन करिहें। साँझ के सरयू आरती में शामिल होइहें। अगिले दिन ट्रेन से प्रयागराज खातिर रवाना होई। उहां से बंगलूरू रवाना होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]