[the_ad_group id="30365"]

भारत बायोटेक के नेजल वैक्सीन खातिर कीमत भइल तय, जानीं कब ले होई उपलब्ध?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नाक के जरिए दीहल जाए वाली भारत बायोटेक के इंट्रानेजल कोरोना वैक्सीन INCOVACC के कीमत तय कs दीहल गइल बा। भारत सरकार के अनुसार प्राइवेट अस्पताल में एकर एक डोज के कीमत 800 रुपया होई। एकरे अलावा पांच फीसदी जीएसटी भी देवे के होई।

रिपोर्ट के अनुसार निजी अस्पताल के एक डोज खातिर 150 रुपया के एडमिनिस्ट्रेटिव चार्ज लगावे के भी मंजूरी बा। एह तरे एह वैक्सीन के एक खुराक के कीमत फिलहाल लगभग 1000 रुपया पड़ी। उहवें सरकारी अस्पताल में एह वैक्सीन के कीमत 325 रुपया होई। बता देईं कि पिछले हफ्ता भारत बायोटेक के इंट्रानेजल वैक्सीन iNCOVACC के कोरोना टीकाकरण कार्यक्रम में शामिल कइल गइल रहे।

जनवरी के अंत ले होई उपलब्ध

इंट्रानेजल वैक्सीन के पहिले कोवाक्सीन (Covaxin) चाहे कोविशील्ड (Covishield) के संगे पूरा तरह से टीका लगावल गइल लोग बूस्टर शॉट के रूप में मंजूरी मिलल रहे। रिपोर्ट के मुताबिक, जनवरी के अंत ले ई ओ लोग खातिर उपलब्ध होई जे कोरोना वैक्सीन के दूनों डोज लिहले बा।

मंडाविया कइले रहनें घोषणा

केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री मनसुख मंडाविया सुक्क के कहले रहनें कि केंद्र सरकार कोविड-19 टीकाकरण अभियान में iNCOVACC के शामिल करे के मंजूरी दे दिहले बा। ऊ इहो कहनें कि शुरुआत में वैक्सीन निजी अस्पताल में उपलब्ध होई अउर एके CoWin ऐप में जोड़ दिहल जाई।

एह नेजल वैक्सीन के वॉशिंगटन विश्वविद्यालय के सहयोग से तैयार कइल गइल

भारत बॉयोटेक एह नेजल वैक्सीन के वॉशिंगटन विश्वविद्यालय के सहयोग से तैयार कइल गइल। भारत बायोटेक के अध्यक्ष अउर प्रबंध निदेशक डॉ. कृष्णा एला के अनुसार, ‘इनकोवैक’ कोविड के खिलाफ कारगर बा। ई कोविड-19 के खिलाफ म्यूकोसेल इम्युनिटी देला।

डॉ. एला बतवलें कि एह टीका के जरिए हमनीं के अइसन कोविड प्रतिरक्षक तंत्र विकसित कइले बानीं जा, जौन अमेरिका में भी नइखे। ई नेजल वैक्सीन आईजीए म्यूकोसेल इम्युनिजी IgA mucosal immunity देला। बता देईं, चीन में ओमिक्रॉन के नयका वैरिएंट बीएफ.7 के चलते बुरा हाल बा। लाखन के संख्या में लोग संक्रमित हो रहल बानें अउर हजारों लोग के मौत हो रहल बा। ब्राजील अउर अमेरिका में कोविड के मामिला में बढ़ोतरी के खबर बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]