[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर बार एसोसिएशन के अध्यक्ष बनलें भानु पाण्डेय : उमापति उपाध्याय के 217 वोटन से हरवलें, रिट के वजह से रिजल्ट आवे भइल देर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर बार एसोसिएशन सिविल कोर्ट के कार्यकारणी चुनाव में अध्यक्ष पद पs अधिवक्ता भानु पाण्डेय अपना निकटतम प्रतिद्वंद्वी उमापति उपाध्याय के 217 वोटन से हराके जीत हासिल कइलें। भानु पाण्डेय के कुल 899 वोट मिलल, जबकि उमापति उपाध्याय खाली 682 मत पा सकलें।

ओहिजा, आउर प्रतिद्वंदियन में अभिमन्यु पाण्डेय के 218, रवि प्रकाश शुक्ला के 233, रत्नाकर सिंह चौहान के 283, संजय प्रकाश के 96 आ जंगबहादुर निषाद के 51 वोट मिलल। दूसरका बेर अध्यक्ष चुनल गइल भानु पाण्डेय कहलें कि अधिवक्ता लोगन के समस्यन के समाधान करे खातिर हर संभव प्रयास कइल जाई।

ऊ कहलें कि कचहरी में वकीलन के बइठे खातिर एगो आउर अत्याधुनिक बिल्डिंग बनावे खातिर शासन से मांग कइल जाई। नया अध्यक्ष कहलें कि अधिवक्ता लोगन के सुरक्षा के इंतजाम करे खातिर जिला प्रशासन से संपर्क कइल जाई। कचहरी में भयमुक्त माहौल बनावे खातिर सब तरे के प्रयास कइल जाई।

रिट के वजह से परिणाम आवे में देर भइल

दरअसल, बार एसोसिएशन के आउर पदन पs भइल चुनाव के परिणाम पहिलही आ चुकल बा। खाली अध्यक्ष पद के रिजल्ट पेंडिंग रहे। एकर मुख्य वजह हाईकोर्ट में लंबित रिट रहे। मंगर के रिट खारिज होखे के सूचना हाईकोर्ट के वेबसाइट पs अपलोड होखला के बाद वोटन के काउंटिंग सुरू भइल। देर सांझ के परिणाम जारी भइल तs भानु पाण्डेय के सफलता मिलल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]