Bhagalpur News : भागलपुर में सड़क पs चढ़ल गंगा के पानी, कइयन गो गांवन के संपर्क टूटे के खतरा

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 6, 2026

भागलपुर। रंगरा प्रखंड इलाका से डुमरिया आ कालुचक जाये वाली मुख्यमंत्री ग्रामीण सड़क योजना से बनल सड़क पs गंगा नदी के करीब दू फीट पानी बह रहल बा। सड़क पs लगातार पानी के तेज बहाव

Share

Bhagalpur road submerged in Ganga flood water

भागलपुर। रंगरा प्रखंड इलाका से डुमरिया आ कालुचक जाये वाली मुख्यमंत्री ग्रामीण सड़क योजना से बनल सड़क पs गंगा नदी के करीब दू फीट पानी बह रहल बा। सड़क पs लगातार पानी के तेज बहाव से सड़क के खराब आ टूट जाये के खतरा बढ़ गइल बा। जदि सड़क टूट गइल तs रंगरा प्रखंड के करीब चार गो पंचायत के 10 से 12 गो गांवन के आवागमन पs असर पड़ सकेला।

गांव के लोगन के कहनाम बा कि सड़क पs पानी के तेज बहाव के चलते आवे-जाये में बहुते दिक्कत हो रहल बा। जदि सड़क खराब भा टूट गइल तs कइयन गो गांवन के मुख्य सड़क से संपर्क पूरा तरीका से कट सकेला। एहसे गांव के लोगन के संगे-संगे छात्र-छात्रन के भारी परेसानी झेले के पड़ सकेला।

एह सड़क से जुड़ल कालिंदी नगर उर्फ कालुचक, शांतिनगर, मुकरी टोला, सिमरिया, भीमदास टोला, आजमाबाद, पकड़ा आ तिनटंगा दियारा सहित कइयन गो गांव के लोगन के आवागमन प्रभावित होखे लागल बा। तिनटंगा दियारा में इस्थित डिग्री कॉलेज जाये वाला छात्र-छात्रा के एह पानी भरल सड़क के चलते बहुते परेसानी के सामना करे के पड़ रहल बा।

गांव के लोग बतवलस कि सड़क पs पानी के दबाव लगातार बनल बा। जदि जल्दी पानी के बहाव कम ना भइल आ सड़क के बचावे खातिर जरूरी डेग ना उठावल गइल तs सड़क के बड़ हिस्सा टूट सकेला। एहसे इलाका के लोगन खातिर आवागमन के बड़ संकट खड़ा हो सकेला।

ग्रामीण प्रशासन आ संबंधित विभाग से मांग कइले बा लो कि सड़क के जल्दी से जल्दी निरीक्षण कराके जरूरी सुरक्षा आ मरम्मत के काम करावल जावs, ताकि सड़क के टूटे से बचावल जा सके आ बाढ़ से प्रभावित गांवन के संपर्क बनल रहे।

साभार : दैनिक जागरण

Read Also: Sagar Poisonous Liquor Case : नौ के मौत, 25 से जादे मरीज अस्पताल रेफर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.