Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अंधविश्वास के हद पार! लइका के चाहत में एगो महिला पड़ोसी के बेटा के कइली हत्या, फिर पी गइली खून; मिलल अइसन सजा

336

उत्तर प्रदेश के बरेली के एगो कोर्ट 33 साल के नि:संतान महिला के उम्रकैद के सजा सुनवले बा, जेके तांत्रिक के नाम पर अपने पड़ोसी के 10 बरिस के बेटा के हत्या कs के ओकर खून पी लिहले रहे। महिला के मानल रहल कि एसे उनके संतान पैदा करे में मदद मिली। महिला के प्रेमी अउर अपराध में ओकर मदद करे वाला उनकर चचरात भाई के भी उम्रकैद के सजा दीहल गइल बा। ई घटना करीब पांच साल पहिले 5 दिसंबर, 2017 के रोजा थाना क्षेत्र के जमुका गांव में भइल रहे।

पड़ोसी के बेटा के मार के पी गइली खून

धन देवी नाम की महिला अपने प्रेमी सूरज अउर चचेरात भाई सुनील कुमार के मदद से अपने पड़ोसी के बेटा के किडनैप कs लिहलें अउर फिर उनकर हत्या कs दीहले रहनें। घटना के तीन दिन बाद एह मामले में शिकायत मिलले पर पुलिस ओ महिला के 8 दिसंबर के गिरफ्तार कs लिहले रहे। अतिरिक्त जिला सरकारी वकील विनोद शुक्ला कहनें कि ई एगो भयानक क्राइम रहल। मामिला के जानकारी देत वकील विनोद कहनें, ‘महिला पहिले लइका के खून निकलली, ओके अपने चेहरा पर लगवली अउर उनके मारे से पहिले खून के कुछ बूंद पी लीहलीं।’

महिला के मिलल उम्रकैद के सजा

अपने गिरफ्तारी के बाद महिला जांच अधिकारी के बतवलें कि शादी के छह साल बादो गर्भधारण करे में विफल रहले के बाद एक तांत्रिक के कहले पर ऊ अइसन कइली। ससुराल में ताना से तंग आ के धन देवी पीलीभीत जिला के माधोटांडा निवासी अपने पति धर्मपाल के छोड़कर शाहजहांपुर में अपने रिश्तेदारन के इहां रहे लागल रहली, जहवाँ तांत्रिक से उनकर मुलाकात भइल, बच्चा के परिवार आरोपी खातिर मौत के सजा के मांग कइले रहे।

392800cookie-checkअंधविश्वास के हद पार! लइका के चाहत में एगो महिला पड़ोसी के बेटा के कइली हत्या, फिर पी गइली खून; मिलल अइसन सजा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.