[the_ad_group id="30365"]

जानीं काहे कहल जाला बादाम के ब्रेनफूड, का बादाम खइला से तेज होला दिमाग…?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लड़िकाईं से लेके अबले ना जाने केतना बेर सुनले होखेम रउआ सभे कि बादाम खइला से दिमाग तेज होला आ इयाद राखे के ताकत बढ़ेला। केतना गारजियन तs अपना लईकन के नियम से भींजल बादाम खियावत होई लो, जवना से लईकन के दिमाग तेज हो सके। अइसन करत घरी कव बेर रउआ सभे सोचले होखब कि सब Dry Fruits में खाली बादामे के ब्रेनफूड काहे कहल जाला। एकरा में अइसन का बा जवन एकरा के ब्रेनफूड बनावे ला। बादाम पs भइल कव गो सोध ई बतावेला कि बादाम में अइसन कव गो पोसक तत्व मवजुद होला जवन स्वास्थ के फायदा तs करबे करेला, इयाद राखे के ताकतो बढ़ावेला। चलीं जानल जाव कवन कवन पोसक तत्व बा एकरा में…

 

प्रोटीन (Protine)- 

फाइबर बादाम में प्रोटीन के मात्रा बहुते होला। प्रोटीन देह के बढ़े खातिर जेतना जरूरी होला, ओतने दिमागो ला। दिमाग के नस में खून के बहाव ठीक से होखे इहो जिम्मेदारी प्रोटीन के हो सकेला।

 

जिंक (Jink)- 

खून के साफ राखे में जिंक बहुते बड़ अस्थान राखेला। बादाम में जिंक के मात्रा निमने रहेला। जिंक एक तरे के एंटीऑक्सीडेंट हs जवन खून के साफ राखेला। जब साफ खून दिमाग में जामा हो जाला तs दिमागो ठीक तरे से काम करेला। जेकरा कारणे इयाद राखे के छमता मजबूत हो सकेला।

 

मेगनीसियम (Magnesium)- 

मेगनीसियम अइसन तत्व होला जवन दिमाग के नसन के मजबूत करेला। बादाम में मेगनीसियम ठीके-ठाक मात्रा  मेंं होला।

 

विटामिन ई (Vitamin E)-

त्वचा के चमक बढ़ावे वाला विटामिन ई देह के अंगन के थाके से बचावेला। दिमाग के धीमापन दूर करे ला बहुते जरूरी होला विटामिन ई। बादाम विटामिन ई के निमन स्त्रोत हs। जवना के खइला से दिमाग के थकान कम हो सकेला।

 

ओमेगा 3 आ 6- (Omega 3 And 6)-

बादाम में ओमेगा-3 आ ओमेगा-6 के निमन मात्रा रहेला। ओमेगा फैटी एसिड हs जवन दिमाग के बढ़े आ इयाद राखे के छमता ला जरूरी होला।

बादाम के दिमाग खातिर बहुते जरूरी मानल जाला।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]