[the_ad_group id="30365"]

कांग्रेस आ भारत जोड़ो यात्रा के ट्विटर अकाउंट के ब्लॉक करे के आदेश, जानीं का बा ममिला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस के एक के बाद एक झटका लाग रहल बा। विधानसभा उपचुनाव में करारा हार के बाद अब पार्टी के खातिर एगो आउर बुरा खबर सामने आ रहल बा। बेंगलुरु के एगो अदालत ट्विटर के कांग्रेस पार्टी आ भारत जोड़ी यात्रा के अकाउंट के अस्थायी तौर प ब्लॉक करे के आदेश दे देले बा।

कांग्रेस पर लागल कॉपीराइट के आरोप

दरअसल कांग्रेस प कॉपीराइट के आरोप लागल बा। आरोप बा, कांग्रेस अपना आधिकारिक ट्विटर अकाउंट आ भारत जोड़ो यात्रा के अकाउंट प फिलिम केजीएफ चैप्टर -2 के साउंड रिकॉर्ड के अवैध रूप से उपयोग कइलस।

एमआरटी म्यूजिक कॉपीराइट के लगवलस आरोप

कांग्रेस पार्टी आ भारत जोड़ो यात्रा के ट्विटर अकाउंट में फिलिम केजीएफ चैप्टर -2 के साउंड रिकॉर्ड के अवैध रूप से उपयोग करे के लेके एमआरटी म्यूजिक कॉपीराइट के शिकायत दर्ज करवले बा। जवना के बाद बंगलुरु के कोर्ट कांग्रेस पार्टी के ट्विटर अकाउंट के अस्थायी तौर प बंद करे के आदेश देलस।

साउंड रिकॉर्ड के अवैध इस्तेमाल के बढ़ावा नइखे दिहल जा सकत: कोर्ट

बेंगलुरु के एगो अदालत एमआरटी म्यूजिक के शिकायत प सुनवाई करत कहलस, कांग्रेस आ भारत जोड़ो यात्रा के ट्विटर अकाउंट के अस्थायी तौर प ब्लॉक कइल जाव। ओकरा बाद कोर्ट आगे कहलस, जदि साउंड रिकॉर्ड के अवैध रूप से इस्तेमाल के ना रोकल गइल, त म्यूजिक लेबल के भारी नुकसान हो सकत बा। Bda पैमाना प पाइरेसी के बढ़ावा मिल सकत बा।

ट्विटर अकाउंट बैन ममिला में आइल कांग्रेस के बयान

ट्विटर अकाउंट बैन ममिला में कांग्रेस आपन बयान साझा कइले बिया। पार्टी के ओर से कहल गइल, हमनी के सोशल मीडिया प कांग्रेस आ भारत छोड़ो यात्रा के ट्विटर अकाउंट बैन करे के बेंगलुरु कोर्ट के आदेश के बारे में पढ़नी स। हमनी के अदालत के कार्रवाई के बारे में ना त अवगत करावल गइल आ ना उपस्थित होखे खातिर कहल गइल। कोर्ट ऑर्डर के प्रतियो अबतक नइखे मिलल। पार्टी के ओर से कहल गइल। हमनी के फिलहाल कानूनी उपायन के अनुसण कर रहल बानी स।

भारत छोड़ो दौरा प महाराष्ट्र पहुंचले राहुल गांधी

कांग्रेस के पूर्व अध्यक्ष राहुल गांधी एह समय भारत जोड़ो यात्रा में बाड़े। 60 दिन पूरा होखला के बाद ऊ एह समय महाराष्ट्र पहुंचल बाड़े। राहुल गांधी आपन यात्रा कन्याकुमारी से सुरू कइले रहस। जबकि जम्मू-कश्मीर में ई यात्रा समाप्त होई। एह दौरान राहुल गांधी 150 दिनन में 3500 किलोमीटर के यात्रा करिहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]