[the_ad_group id="30365"]

Bengaluru: गोवा के होटल में 4 साल के बेटा के हत्या, बैग में शव भरके टैक्सी में मां फरार, स्टार्ट कंपनी के CEO हिय महिला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बेंगलुरु इस्थित एगो स्टार्ट-अप कंपनी के सीईओ अपना चार साल के लईका के निर्मम हत्या कs देले बिया। ई ममिला बहुत हैरान कs देवे वाला बा। सोमार के गोवा के एगो होटल में अपना चार साल के बेटा के हत्या करे आ ओकर शव के एगो बैग में भरके टैक्सी में भागत घरी महिला के पुलिस गिरफ्तार कs लेले बिया।

बेंगलुरु इस्थित एगो स्टार्ट-अप कंपनी के सीईओ आपन चार साल के लईका के निर्मम हत्या कs देलस। ई ममिला बहुत हैरान कs देवे वाला बा। सोमार के गोवा के एगो होटल में अपना चार साल के बेटा के हत्या करे आ ओकरा शव के एगो बैग में भरके टैक्सी में भागत घरी महिला के पुलिस गिरफ्तार कs लेले बिया।

पुलिस के मोताबिक, गोवा के होटल में हत्या के अंजाम देला के बाद सूटकेस में बॉडी रखके महिला टैक्सी से बेंगलुरु खातिर रवाना भइल रहे। कर्नाटक के लगे पुलिस ओकरा के हिरासत में ले लेलस। पुलिस लईका के बॉडी बरामद कs लेले बिया बा। आरोपी महिला के पहचान 39 वर्षीय सूचना सेठ के तौर पs भइल बा।

होटल कर्मी पुलिस के कइले रहे सूचित

ई अपराध तब सामने आइल जब एगो होटल कर्मचारी महिला के होटल से बाहर निकलला के बाद कमरा के सफाई करत रहे। एह दौरान ऊ चादर पs खून के धब्बा देखलस। एकरा बाद होटल प्रबंधन पुलिस के सूचित कइलस। सीईओ अपना बेटा के संगे छव जनवरी के उत्तरी गोवा के सिंक्वेरिम में होटल में चेक इन कइले रहली।

टैक्सी से फरार भइल रहे महिला

39 साल के सूचना सेठ के कर्नाटक पुलिस चित्रदुर्ग से गिरफ्तार कइले बिया। पुलिस बतवलस कि सेठ अपना बेटा के धारदार हथियार से हत्या कइली आ एह कृत्य के अंजाम देला के बाद होटल प्रबंधन से बंगगलुरु वापस जाये खातिर टैक्सी के बेवस्था करे खातिर कहली। पुलिस बतवलस कि महिला सड़क मार्ग से यात्रा करे के इक्षा जतवली। ममिला में सीसीटीवी फुटेज से पता चलल बा कि ऊ अकेलही होटल से बाहर निकलल रही।

कलंगुट पुलिस स्टेशन के अधिकारी लोग कहा, “आरोपी महिला सुरू में पुलिस के बतवलस कि ऊ आपन बेटा के दक्षिण गोवा में एगो रिश्तेदार के लगे छोड़ देले बाड़ी, बाकिर कहानी के कवनो पुष्टि ना होखला पs हमनी के कैब ड्राइवर के बोलवनी सs आ ओकरा के नजदीकी पुलिस स्टेशन में रिपोर्ट करे खातिर कहल गइल, जवना के बाद ओकरा के बेंगलुरु जात घरी चित्रदुर्ग जिला में कर्नाटक पुलिस के मदद से पकड़ लिहल गइल।”

कलंगुट पुलिस के एगो टीम पूछताछ खटिया महिला के हिरासत में लेवे खातिर कर्नाटक रवाना हो गइल बिया। पुलिस अभी तक हत्या के कारणन के पता नइखे लगा सकल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]