[the_ad_group id="30365"]

बंगाल बंद के दौरान भाटपाड़ा में बीजेपी नेता पs फायरिंग, समर्थक घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बंगाल बंद के दौरान हिंसा के खबर बा। कई जगह भाजपा अवुरी टीएमसी कार्यकर्ता के आपस में झड़प के खबर बा। भाटपाड़ा में बंगाल बंद के दौरान भारतीय जनता पार्टी के एगो नेता पs गोलीबारी भईल।

भाजपा नेता अर्जुन सिंह आरोप लगवले कि भाटपारा में भाजपा नेता प्रियांगु पांडे के कार पs 6 राउंड फायरिंग भईल। गोलीबारी में कार में सवार भाजपा समर्थक घायल हो गईले। भाजपा समर्थक के नाम रवि सिंह बतावल जाता।

पश्चिम बंगाल बंद के दौरान उत्तर 24 परगना के भाटपारा में भाजपा नेता प्रियांगु पांडे पs हमला के जगह के लगे से पुलिस खाली बम के खोल बरामद कईले बिया। प्रियांगु पांडे दावा कईले कि उत्तर 24 परगना के भाटपारा में आज कई लोग उनुका गाड़ी पs हमला कs फायरिंग कईले।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]