[the_ad_group id="30365"]

मूली के पत्तई के फायदा : का आप मूली के पत्ता भी फेंक देनी? एकर फायदा रउरा ना मालूम होई-

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मूली के पत्तई के फायदा : का आप मूली के पत्ता भी फेंक देनी? एकर फायदा रउरा ना मालूम होई-

का रउरा मूली भी खानी लेकिन ओकर पतई डस्टबिन में डाल देनी। त ई काम बिल्कुल मत करीं। मूली के पत्ता पौष्टिक अउरी बहुत फायदेमंद होला। अब एकर फायदा जान के रउरा ई पतई ना फेंकब –

मूली के पत्ता मुली से फायदेमंद

मूली के पत्ता मूली से जादे फायदेमंद होला। एकरा के सब्जी आ साग बना के खाइल जा सकेला। कोरिया आ चीन में एकरा के सब्जी के रूप में खाइल जाला। मूली के साग बहुत पौष्टिक होखेला।

लाल मूली: फोटो

लाल मूली के फायदा होला

मूली के साग में कैलोरी कम होला लेकिन प्रोटीन, आयरन अउरी पोटेशियम, मैग्नीशियम, विटामिन सी अउरी विटामिन के भरपूर मात्रा में होला।

Colcapt मूरई के पत्तई: फोटो

मूली के पत्ता जरूर खाए के चाहीं

इरुकैमाइड मूली के पत्ता में पावल जाला एकर अर्क याददाश्त में सुधार करेला। एहसे इ साग अल्जाइमर रोग से पीड़ित लोग में याददाश्त के नुकसान से बचावे के क्षमता राखेला।

मूली के पत्ता के रस

मूली के पत्ता मूली से जादे फायदेमंद होला। मूली के पत्ता के अर्क में एंटीऑक्सीडेंट गुण होला जवन कि फेफड़ा के ऊतक के ऑक्सीडेटिव तनाव से होखेवाला नुकसान से बचावेला। मूली हरे रंग के एंटीऑक्सीडेंट अर्क टेस्ट-ट्यूब रिसर्च में बहुत क्षमता देखवले बा।

मूली के पत्ता के साग

मूली के पत्ता साग के रूप में काट के आ सब्जी में मिला के बना सकेनी, ओकरा से पकौड़ी बना सकेनी, आ आधा पत्ता आधा मूली डाल के भूरजी खा सकेनी।

मूली के पत्ता से भूरजी बनाये

मूली के साग ओही तरीका से बनावल जाला जइसे कि बाकी पत्ता वाला सब्जी आ बारीक कटल मूली के साग के गार्निश के रूप में खाइल जा सके ला या सलाद में मिलावल जा सके ला।

मूली से जादा पत्ता फायदेमंद होला

एकरा के मूली के पत्ता के रस बना के भी पी सकेनी। इ बहुत फायदेमंद बा। एकर स्वाद तनी कड़वा लाग सकता, एहसे एकरा के नमक, काली मिर्च अउरी नींबू डाल के पी सकतानी।

मूली के पत्ता ना फेकी

मूली के साग स्वाद में तनी कड़वा होला, एहसे एकरा के कुछ मसाला डाल के पका सकेनी ताकि एकर कड़वाहट खतम हो जाए। एकर सूप भी बना के पी सकेनी।
लाल मूली के पत्ता के फायदा होला

मूली आमतौर पर सफेद होला, बाकी ई लाल रंग के भी होला। दुनो के स्वाद में कवनो खास अंतर नईखे, सिर्फ रंग में अंतर बा। लाल मूली के भी गुणवत्ता आ पोषण के मूल्य सफेद मूली के समान होला।


मूली के पत्ता फायदेमंद होला

मूली के पत्ता के कच्चा खाए से पहिले ओकरा के बढ़िया से धो लीं, ओकरा पे कीड़ा-मकोड़ा हो सकता। एकरा के बढ़िया से धो के पका लीं। मूली के बढ़िया से धो के खाईं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]