[the_ad_group id="30365"]

बेगूसराय: सुतल घरी एकही परिवार के तीन लोगन के धारदार हथियार से निर्मम हत्या, एगो के हालत गंभीर…

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बेगूसराय के बछवाड़ा में अपना घर में सुतल एकही परिवार के तीन लोग के तेज हथियार से हत्या के खबर बा। बता दीं कि एक जने के हालत गंभीर कहल जाता। पुलिस मौका पs पहुंच के मामला के छानबीन में जुटल बिया। चिरंजीवीपुर के वार्ड नम्बर १२ थट्ठा रशीदपुर से ई घटना के सूचना मिल रहल बा।

अपराधी एकही परिवार के तीन लोग के सूतल घरी गला काट दिहलस। ओकरा बाद एसिडो ओह लोग के देह पर डाल देलस। पति, पत्नी अउरी बेटी के मौत हो गइल बा। सात साल के बेटा के हालत गंभीर बतावल जाता।

तीनों लोग के गला काटला के बाद दुनो लोग के चेहरा पऽ तेजाब छिड़कल गइल बा।

मरेवाला के पहचान ठाठा रशीदपुर वार्ड नम्बर १२ चिरंजीवीपुर के नागो महतो के बेटा ४० बरीस के सजीव महतो, उनकर पत्नी संजिता देवी आ उनकर बेटी सपना कुमारी। बता दीं कि ई तीनों के गला काट के हत्या कर दिहल गइल बा। ओकरा बाद चेहरा पs तेजाब छिड़कल गइल बा।

बेटा अंकुश कुमार पs हमला भइल बा आ ओकरो पऽ तेजाब छिड़कल गइल बा, उनकरो हालत गंभीर बतावल जाता। पुलिस लाश के पोस्टमार्टम खातिर सदर अस्पताल भेजे के प्रक्रिया में व्यस्त बिया। इलाका में पूरा तरह से दहशत के माहौल बा। मौका पs स्थानीय गांव के लोग के भीड़ जमा हो गइल बा। सबके मन में एके गो सवाल बा कि ई कइसे भइल आ के कइलस?

साभार – प्रभात खबर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]