[the_ad_group id="30365"]

Bihar Crime: बेगूसराय में दिनदहाड़े गोली मारके मुखिया के हत्या, आक्रोशित ग्रामीण लोग कइल सड़क जाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Mukhiya Murder in Begusarai: बेगूसराय में बेखौफ बदमाश दिनदहाड़े एगो मुखिया के गोली मारके हत्या कs दिहल। बदमाश नीमाचंदपुरा थाना क्षेत्र के तरैया ढाला के लगे परना पंचायत के मुखिया के गोली मार देले। ऊ दूसरका बेर मुखिया बनल रहे।

बदमाश लोग नीमा चांदपुरा थाना क्षेत्र के परना पंचायत के मुखिया वीरेंद्र कुमार शर्मा के गोली मार दिहल। वारदात के लेके क्षेत्र में सनसनी फइल गइल बा। घटना से आक्रोशित ग्रामीण लोग एनएच जाम कs दिहल। सूचना पs कइयन गो जनप्रतिनिधि मवका पs पहुंच गइल लोग। ओहिजा, ग्रामीण एसपी के बोलावे के मांग कर रहल बा लो। बतावल जा रहल बा कि नीमाचंदपुरा थाना के थानेदार छुट्टी पs बाड़ें। एकरा संगही सांसद प्रतिनिधि हत्या के पीछे साजिश के आशंका जतवलें बाड़ें।

एसपी योगेन्द्र कुमार बतवलें कि घटनास्थल पs अनुमंडल पुलिस पदाधिकारी, सदर पुलिस टीम के संगे एफएसल टीम मवका पs पहुंचल बिया। टीम जांच में जुट गइल बिया। संदिग्ध आरोपी के इहां पुलिस छापामारी के कार्रवाई कर रहल बिया। जल्दिये हत्याकांड में सामिल आरोपियन के गिरफ्तार कs लिहल जाई।

मुआवजा के मांग के लेके धरना पs बइठल मुखिया संघ

एने, घटना से आक्रोशित मुखिया संघ के अध्यक्ष सड़क पs बइठ गइलें। ऊ मृतक परिवार के 50 लाख मुआवजा आ विधवा के सरकारी नौकरी देवे के मांग कइले बाड़ें। एकरा संगही ऊ तमाम मुखिया के सुरक्षा के गारंटी के मांग उठवले बाड़ें।

कइयन थानन के पुलिस मवका पs पहुंचल

लोगन के धरना से सड़क जाम हो गइल बा, जवना से पूरा यातायात बाधित हो गइल बा। पुलिस अधिकारी मवका पs पहुंचके लोगन के समझावे में जुटल बा लो। जाम हटावे खातिर  कइयन थानन के पुलिस मवका पs पहुंचल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]