[the_ad_group id="30365"]

नवरात्र से पहिले 1 हफ्ता में सोना 1857 महंगा भइल: चांदी के दाम 2636 रुपिया बढ़ल, आगे आउर बढ़ सकत बा दाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नवरात्र से पहिले वाला हफ्ता में सोना 1,857 रुपिया आ चांदी 2,636 रुपए महंगा हो गइल। इंडिया बुलियन एंड ज्वेर्ल्स एसोसिएशन के मोताबिक, बीतल हफ्ता सुक के 24 कैरेट सोना 56,539 रुपिया रहे, जवन अब 58,396 रुपिया प्रति 10 ग्राम हो गइल बा।

एह दौरान चांदी के कीमत 67,095 रुपिया से बढ़के 69,731 रुपिया प्रति किलो हो गइल। अंतरराष्ट्रीय बाजार में सोना के कीमतन में एह हफ्ता 7 महीनन के सबसे बड़ तेजी आइल। सुक तक 1 हफ्ता में सोना 3% तेजी के संगे 1,886.40 डॉलर प्रति आउंस (करीब 55,385 रुपए प्रति 10 ग्राम) हो गइल।

घरेलू सराफा बाजार में उछाल के बड़ वजह

  • अतवार से नवरात्र सुरू हो रहल बा। एकरा संगही निवेश आ शॉपिंग खातिर शुभ मुहूर्त के सुरुआत हो जाई।
  • भारत में एह हफ्ता पर प्रीमियम करीब 1,000 रुपिया आ चांदी पs 2,000 रुपिया बढ़े से एकर दाम बढ़ रहल बा।

अंतरराष्ट्रीय बाजार में सोना में तेजी के कारण

  • बाजार के लागत बा कि अमेरिका में ब्याज दर बढ़ल अब बंद हो जाई। सोना खातिर ई सबसे बड़ पॉजिटिव संकेत बा।
  • बॉन्ड यील्ड गिरे, डॉलर में तेजी थमलाआ इजराइल-फिलिस्तीन युद्ध के चलते सोना में निवेश बढ़े लागल बा।

कीमतन में बढ़न्ती जारी रहला के आसार

अंतरराष्ट्रीय आ घरेलू बाजार में सोना-चांदी के कीमतन में तेजी जारी रहला के आसार बा। HDFC सिक्युरिटीज के कमोडिटी आ करंसी हेड अनुज गुप्ता कहलें कि अंतराष्ट्रीय बाजार में बॉन्ड यील्ड घट रहल बा आ डॉलर कमजोर हो रहल बा। एसे गोल्ड के सपोर्ट जारी रही।

एकरा अलावे घरेलू बाजार में त्योहारन खातिर मांग बढ़ी। एकरा बाद शादियन के सीजन सुरू हो जाई। अइसन में डिमांड बढ़ला के असर कीमतन पs होई। एसे दिवाली तक सोना 60 हजार आ चांदी 73 हजार तक जा सकत बा।

खाली सर्टिफाइड गोल्ड किनी 

जदि रउआ एह दिनन सोना किने के प्लान बना रहल बानी तs, ब्यूरो ऑफ इंडियन स्टैंडर्ड (BIS) के हॉलमार्क लागल सर्टिफाइड गोल्ड किनी। नया नियम के तहत एक अप्रिल से छव डिजिट वाला अल्फान्यूमेरिक हॉलमार्किंग के बिना सोना बेचे पs रोक लगा दिहल गइल बा।

जइसे आधार कार्ड पs 12 अंकन के कोड होला, ओहि तरे से सोना पs 6 अंकन के हॉलमार्क कोड होला। एकरा के हॉलमार्क यूनीक आइडेंटिफिकेशन नंबर माने HUID कहल जाला। ई नंबर अल्फान्यूमेरिक माने कुछ ‘AZ452’ एह तरे के रहेला। हॉलमार्किंग के माध्यम से ई पता कइल संभव हो गइल बा कि कवन सोना कितना कैरेट के बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]