[the_ad_group id="30365"]

आईपीएल: बटलर के शतक से राजस्थान के दुसरका जीत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मैच के हाईलाइट्स

  • 100 रन के जबरदस्त पारी में 11 गो चउका आ पांच गो छक्का लगवले बटलर।
  • मुंबई के युवा बल्लेबाज तिलक वर्मा के बैट से निकलल 61 रन।
  • 03 विकेट मिलल जसप्रीत बूमराह के।
  • टी-20 में ईशान किशन के 3000 रन भइल पूरा।

जोस बटलर के सानदार शतक के बाद अंतिम के ओवरन में गेंदबाजन के उम्दा प्रदर्शन के बल पs राजस्थान रॉयल्स मुंबई इंडियंस के 23 रन से हरा देलस। ई मुंबई के लगातार दुसरका हार आ राजस्थान के लगातार दुसरका जीत हs। पहिले बल्लेबाजी करत राजस्थान आठ विकेट पs 193 रन बनवलस। जवाब में मुंबई आठ विकेट पs 170 रन तक पहुंच सकल।

काम ना आइल ईशान किशन आ तिलक वर्मा के अर्धशतक

लक्ष्य के पीछा करत मुंबई के सुरुआत निमन ना रहल। 40 रन पs रोहित आ अनमोलप्रीत के विकेट गिर गइल रहे। ईशान किशन के (54) आ तिलक वर्मा के (61) के बीचे तीसरा विकेट ला 81 रन के साझेदारी भइल। ईशान 17 वां रन बनावते टी-20 में 3000 रन पूरा कइले। तिलक वर्मा के आईपीएल में ई पहिलका अर्धशतक रहे।

तिलक वर्मा आ ईशान किशन (फोटो-मुंबई इंडियंस,ट्विटर)

पोलार्ड भइले फेल, ना बनल अंतिम ओवर में 29 रन 

अंतिम ओवर में मुंबई के जीते खातिर 29 रन के जरूरत रहे, आ विकेट पs हार्ड हिटर पोलार्ड रहले बाकिर नवदीप सैनी के ओवर में ऊ खाली पांच रन बना सकले। उनका बैट से 24 गेना में 22 रन आ सकल।

बटलर के दमदार प्रहार 

बटलर (100) मवजूदा आईपीएल में पहिला शतक जड़े आला पहिला बल्लेबाज बनले। ई उनकर आईपीएल करियर के दुसरका शतक हs। उनका संजु सैमसन (30) आ शिमरोन हेटमायर (35) के निमन साथ मिलल। बटलर आ संजु सैमसन के बीचे तीसरका विकेट ला 82 आ हेटमायर संगे चउथा विकेट ला 53 रन जोडले। उनकर विकेट जसप्रीत बूमराह के मिलल।

प्लेयर ऑफ द मैच जोस बटलर

हमनी के लक्ष्य हासिल करे के चाहत रहे: रोहित शर्मा 

राजस्थान निमन बैटिंग कs के 193 रन बनवलस। बटलर के पारी सानदार रहल। हमनी के उनका के आउट करे के पूरा कोसिस कइनी सs। हमरा लागत बा कि एह पिच पs 193 रन बना के मैच जीते के चाहत रहे। – रोहित शर्मा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]